छिपहरमाई के १९ वाँ गाँवसभा पुरा, ३७ करोड १७ लाख के बजेट प्रस्तुत
छिपहरमाई के १९ वाँ गाँवसभा पुरा, ३७ करोड १७ लाख के बजेट प्रस्तुत

वीरगंज २१ असाढ
पर्सा जिल्ला के छिपहरमाई गाँवपालिका के १९ वाँ गाँवसभा पुरा भईल बा । गाँवपालिका के कार्यालय भिस्वा मे रहल सभाहल मे भईल कार्जक्रम मे पालिका अध्यक्ष मनोज कुमार गुप्ता पानस मे दिप बारके कार्जक्रम के उदघाटन कईले रहनी ।
गाँवपालिका गाँवसभा से आर्थिक बरीस २०८१÷०८२ के बजेट ३७ करोड १७ लाख ५२ हजार ५सय रोपेया बराबर के अनुमानित बजेट आ निति तथा कार्जक्रम प्रस्तुतिकरण कईले रहनी । गाँवसभा मे पालिका के पाँच वार्ड के योजना पारित करके प्रस्तुत कईल रहे ।
२०८१÷८२ के बजेट मे गाँवपालिका अध्यक्ष गुप्ता पहिलका प्राथमिकता मे नेत्रदान पालिका अनुदान अन्तर्गत पालिका के गरिब असहाय, दलितलोग के निःशुल्क आँख के अप्रेसन तथा ईलाज करावेके बतवनी । जनानीलोग के पाठेघर के अप्रेसन खर्च प्रति बिमारी १५ हजार के दर से ईलाज खर्च देवेके, पालिका मे चल रहल पल्स टु के विद्यार्थीलोग के ड्रेस भता बापत रकम अनुदान देवेके, एमबिबिएस मे नाम निकालेवाला विद्यार्थी के अनुदान स्वरुप एक लाख से दु लाख तक सहजोग करेके अध्यक्ष गुप्ता घोषण कईले रहनी ।
साथे शिक्षा, स्वास्थ्य कृषि, सिचाई, बिपद ब्यवस्थापन, युवा रोजगार, भौतिक पुर्वधार, पर्यटन पवद्र्धन, उज्यालो छिपहरमाई लगायत मे जोड देहल अध्यक्ष गुप्ता बतवनी । पालिका मे भौतिक बिकास निर्माण के साथे नयाँ योजनासब भी लियावल बा । बिकास मे स्थानिय जनसमुदाय, जनप्रतिनिधि आ कर्मचारीलोग के सहजोग के चलते बिकास गति लेहला मे सभी के धन्यवाद भी देहले रहनी ।
नेपाल के पहिलका गाँवपालिका छिपहरमाई ह जहाँ हरेक वार्डसब मे बर्थिंग सेन्टर संचालन करके ई पालिका के जनानीलोग के सेवा दे रहल बा बतावत अध्यक्ष गुप्ता पहिले इहाँ बर्थिंग सेन्टर ना भईला से भारतीय अस्पताल आ बीरगंज के अस्पताल जाएके बाध्इता रहे अभी उ बाध्यता हटल बतवनी । बिद्यालयसब मे १२ किलास तक निःशुल्क संचालन, पल्स टु के विद्यार्थीलोग के ड्रेस, दस बेड के अस्पताल निर्माण काम करके स्वास्थ्य संस्था मे एमबिबिएस डाक्टर राखेके योजना रहल जनावल गईल बा । नेपाल सरकार से सर्शत अनुदान अन्तर्गत रु १५ करोड ६८ लाख, बितिय समानिकरण १० करोड ५ लाख, राजस्व बाडफाँड ७ करोड ९० लाख, २५ हजार, आन्तिक आय ३ करोड, समर्परक ८० लाख ४ हजार करके ३७ करोड १७ लाख ५२ लाख ५ सय रोपेया के बजेट प्रस्तुत कईल रहे ।
पालिका अध्यक्ष मनोज कुमार गुप्ता के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे उपाध्यक्ष लिलावती देबी कानु, प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत शनि साह कानु, समाजसेबी किशोरी साह कानु, वार्ड अध्यक्षलोग कामेशवर यादव, महेन्द्र साह कलवार, दिपेन्द्र कुमार सिंह, रामेश्वर प्रसाद महतो, मौजिलाल साह कानु, कार्यपालिका सदस्य बलिस्टर साह, नरेश साह कलवार लगायत लोग शुभकामना मनतव्य रखले रहलन ।
उ अवसर मे स्वास्थ्य संयोजक शम्भु प्रसाद साह, शिक्षा प्रमुख मुकेश चौरसिया, ईन्जिनियर प्रकास कुमार गुप्ता, योजना प्रसांत कुमार गुप्ता, आईटी औफिसर संजिव यादव, कृषी के भुलन प्रसाद, पत्रकार लगायत स्थानियलोग के उल्लेखनिय सहभागीता रहल कार्जक्रम संचालक मेघराज साह रौनियार बतवनी ।





