कोरोना भाईरस से बँचे खातिर बारा के सरकारी कार्यालय मे उच्च सतर्कता

बारा ०६ चईत,
बारा के सरकारी कार्यालय मे कोरोना से बचेला सेवाग्राही सब के हाथ धोवा के आवे देरहल जनावल गईल बा ।
कार्यालय के गेट मे साबुन पानी राखल बा, सेवाग्रही पुगते कार्मचारीलोग हाथ धोवे के कहत बाडन । कलैया अस्पताल के गेट मे हाथ धोवाके स्वस्थ्यकर्मी से मसिन से चेक कईला के वाद जाए देहत बाडन ।
विश्व मे अभि बढल कोरोना भाईरस से बँचेला सर्कता अपनावल जारहल डाक्टर रवि गुप्ता जनकारी करावले बानी । नेपाल के सिमाना सब खुल्ला भईल ओ जगह से कोरोना भाईरस लेके आईल लोग आ सकत बा ओकरा से बँचेला अस्पताल के गेट मे हाथ धुवाके चेकजाँच कर के अस्पताल भितर पेठावल जात बा डाक्टर राहुल कर्ण जनकारी करावले बानी ।
कलैया अस्पताल मे वियफे के दिन २ सय ५० जने के हात धुवा के चेक जाँच कईल गईल कवनो सेवाग्राही मे ना देखल गईल बा । एचे रामजन्म यादव, बृजलाल गिरी लगायत के कर्मचारी खट के हाथ धोवावल जारहल बा ।
बारा के जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे आईल सेवाग्रही सब के मुह मे मास्क लगावल लोग के मात्र भितर जाए देहल जारहल बा । जिल्ला भर के पालीका मे सेवा लेवे आरहल सेवाग्रही सब के हाथ धोयावल जारहल जनकारी भईल बा ।





