कपडा आ करिब साढे ४ लाख रोपेया सहित भारतीय नागरिक पकडईलें

वीरगंज ०७ चईत,
पर्सा पुलीस वीरगंज से चार लाख ४४ हजार अवैध रोपेया सहित भारतीय नागरिक के पकडले बा । पकडाएवाला मे भारत बिहार मोतिहारी जिल्ला रक्सौल–१४ रहेवाला २४ बरीस के बब्लु राज रहल बाडन ।
अवैध हुण्डी कारोबार करके राखल बा कहके सूचना के आधार मे गईल पुलीस टोली बियफे के सँझिया ५ बजे के समय उनका के पकडले बा । बिआर०५यु ३९७८ नम्बर के मोटरसाइकल मे आ रहल उनका के पुलीस वीरगंज महानगरपालिका–१० घडिअर्वा से नियन्त्रण मे लेहले रहे ।
उनकर साथ से श्रोत ना खुलल अवैध ४ लाख ४४ हजार ८३५ रोपेया बरामद भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता वीरेन्द्र शाही बतवनी ।
उनका के जरुरी कारबाही के खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे राखल गईल बा ।
पर्सा जिल्ला अदालत मे बैंक तथा वित्तीय कसुर मुद्दा दर्ता करके जरुरी अनुसन्धान सुरु कईल पुलीस जनवले बा ।
एहितरे पर्सा पुलीस भन्सार ना करा के लिया रहल कपडा पकडले बा । मालवस्तु भन्सार छली लिया रहल ३ लाख बराबर के कपडा पुलीस शुक के दिने पुलीस पकडले बा ।
विशेष सूचना के आधार मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय से खटल टोली वीरगंज महानगरपालिका–२ स्थित छप्कैया से ३३७ पिप कुर्ता सुरुवाल, ३७ थान साडि आ थान के कपडा ३२ थान बरामद कईले बा ।
बरामद कपडा जरुरी कारबाही के खातिर वीरगंज भन्सार कार्यालय मे बुझावेके पुलीस जनवले बा ।






