भारतीय सिमाना मे प्रमुख जिल्ला अधिकारी कईलें निरिक्षण

प्रभु यादव

बारा ०९ चईत,
बारा मे आईतवार के सरुवा होके आईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी रुद्र प्रसाद पण्डित आवते साथ मटिअर्वा के नाका मे सेवा देरहल हेल्प डेस्क के निरिक्षण कईले बानी ।

विश्वभर मे कोरोना भाईरस के महामारी बनल ओसे भरत के बिहार से सटल नाका मे राखल चेकजाच करेवाला हेल्प डेस्क के अवस्था बुझ के सुरक्षा समिति के टोली केसाथे निरिक्षण प्रजिअ कईले बाडन ।

कोरोना हेल्प डेस्क आ कलैया अस्पताल के निरिक्षण करत भाईरस के विरुद्ध मे उच्च सर्तकता अपनावेला प्रमुख जिल्ला अधिकारी पण्डित निर्देशन समेत देहले बानी । मास्क के लगावे के सेनेटाईजर, साबुन पानी से हात धुवे के आ जनचेतना मुलक कार्जक्रम करे खातिर कहले बानी ।

देश के नाम मे सम्बोधन कर के प्रधानमन्त्री के कहल बात के लम्हर दुरी के यात्रा ना करे के भईल आउर आपन पहिलका प्राथमिकता देश के सुरक्षा करे के भईल कार्यभार समाहलात जनकारी करावले बानी ।

बिहार राज्य के सटल नाका भईल अस्पताल सब २४ घण्टा तयारी मे रहल अवस्था मे राखे के कहनी । स्वास्थ्यकर्मी, रेडक्रस, समाजिक सँघ संस्था, नागरिक समाज लगायत सव केहु से सहयोग करे के अपिल समेत कईले बानी । विश्व कमे आगईल विकट के घडी मे सबे केहु एकआपस मे मिल के संक्रमित के सहयोग करे के कहनी ।

निरिक्षण टोली मे प्रमुख जिल्ला अधिकारी सहित सशस्त्र प्रहरी उपरिक्षक दिगविजय सुवेदी, नेपाल प्रहरी उपरिक्षक कृष्ण पंगेनी, कलैया अस्पताल के स्वास्थ्यकमी लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।