पोखरिया नपा के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत के स्वागत

पोखरिया १० चईत,

पर्सा के पोखरिया नगरपालिलका के नयाँ प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत मे अमित कुमार गिरी आईल बानी । गिरी जगरनाथपुर गाँवपालिका प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत मे कार्यकरत रहल रहनी ।

गिरी के पोखरिया नगरपालिका मे हाजिर होखे अईला के बाद सोमार के दिने एगो कार्जक्रम के बिच पोखरिया नगरपालिका के सभा हल मे स्वागत तथा पदस्थापन कार्जक्रम भईल बा ।

नगर प्रमुख दिपनारायण रौनियार, उप प्रमुख सलमा खातुन लगायत के नगरपालिका के कर्मचारी आ वार्ड अध्यक्षलोग उनका के फुलमाला से स्वागत कईले रहलन ।

२ महिना से प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत विहिन रहल नगरपालिका आजु से अनुभवी प्रशासकिय अधिकृत मिलला से नगरपालिका आसा कईल मुताविक काम होखेके नगर प्रमुख रौनियार बतवनी । पोखरिया नगरपालिका के बिकास ई आर्थिक बरीस के अलपत्र रहला से अब बिकास आ जनतासब के काम मे तेजी लेवेके बतवनी ।

काम काज मे कउनो समस्या अईला पर हमनी सभी जनप्रतिनिधि से समस्या समाधान खातिर पहल करेके नगरप्रमुख रौनियार बतवनी ।
नगरपालिका मे अनेकन किसिम के अपेक्षा कईल आ जनता समक्ष प्रतिबद्धता कईल काम पुरा करे ना सकला से अब पुरा करेके रास्ता खुलल उपप्रमुख सलमा खातुन बतवनी ।

नगर प्रमुख दिपनारायण राौनियार के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे वार्ड अध्यक्ष बंका राउत कुर्मी, लक्षमण साह, सोनालाल साह गोढ, किसोरी साह उमाकान्त साह, अजय गुप्ता, नगरपालिका अधिकृत बिजय झा, संजय पाण्डे, श्याम माली, मनोज तिवारी, आईटि औफिसर अरबिन्द दुबे, ईन्जिनियर मुकेश दास बानिया लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।