समाजिक दुरी बना के रखल जरूरी बा : मन्त्री सोनल

प्रभु यादव
बारा २० चईत,
प्रदेश नम्वर २ सरकार के भौतिक पुर्बाधार बिकास मन्त्री जितेन्द्र सोनल जनता सब महामारी से बचेला समाजिक दुरी बना के रखला से बचे के कहनी ।
बारा के कलैया अस्पताल मे सरकार से कोरोना भाईरस के संखालागल लोग के दवाई करेला समान सब देहत मन्त्री सोनल बतावले रहनी ।
जनता सब के उपचार करेला केहु स्वस्थ्य कर्मचारी सब पछाडी ना हट के सवधानी अपनावत जीवन रक्षा करे के कहनी ।
प्रदेश सरकार द्वारा कलैया अस्पताल के पिपिइ कीट ३० गो, गलब्स पन्जा ४ सय गो, माक्स १ सय गो देहलन मन्त्री सोनल । जनस्वास्थ्य कार्यालय बारा के पिपिइ कीट २० गो, ग्लबस पन्जा १ सय गो आ माक्स पाँच सय गो मन्त्री सोनल प्रदान कईनी ।
समान वितरण कार्जक्रम मे प्रदेश २ के विधायक पारस साह, जिल्ला समन्वय समिति बारा के संयोजक नवलकिसोर सिंह, श्याम गुप्ता, जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा के प्रमुख रूद्र प्रसाद पडित लगायत के उपस्थिति रहल रहे ।






