लकडाउन अटेर करके बजार खुलल

जनकपुरधाम २२ चईत,
नोबेल कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण फईले ना देवे खातिर सरकार से कईल लकडाउन के चलते सभी क्षेत्र ठप्प बा । माकिर महोत्तरीस्थित औरही नगरपालिका अन्तर्गत औरही बजार निर्वाध रुप मे खुल रहल बा । बितल सोमार के दिने सर्वदलीय सर्वपक्षीय भेला से कम्ति मे भी तीन फिट के दुरी कायम करके खाद्यान्न सामान आ तरकारी विक्रि वितरण करेके निर्णय कईला पर भी उल्लघन करत बजार खुल्ला कईल गईल बा ।
प्रदेश २ के आउर क्षेत्र के बजार व्यवसायसब बन्द भईला पर भी महोत्तरी के औरही बजार निर्वाध रुप मे खुला कईल बा । राष्ट्रिय जनता पार्टी नेपाल के केन्द्रिय सदस्य रामदरेश यादव जवरजस्ती खाद्यान्न सहित आउर दोकान भी सञ्चालन करे लगावल औरही–२ के वार्ड अध्यक्ष विनोद पजियार आरोप लगवनी ।
औरही नगरपालिका–१ के वार्ड अध्यक्ष राजकिशार चौधरी बितल सोमार के दिने इलाका प्रहरी कार्यालय मे कम्ति मे तीन फिट के दूरी कायम करके बजार खुलावे के निर्णय भईल जानकारी देहनी । उ “हमनी तीन फिट के दुरी मे बजार खुलावे के कहले रहनी, माकिर हमनी के बात चले ना देहनी, पुलीस हि हमनी के बात नइखे मानत ।”
औरही नगरपालिका के नगरप्रमुख सुनिल कुमार यादव जनचेतना के कमी मे लकडाउन पालना मे समस्या भईल बतवनी ।
उ कहनी कि, “हम पूर्ण रुप मे लकडाउन करेके कहले बानी, माकिर पुलीस प्रशासन हि हमनी के सहजोग नइखे कईले जरुरी सामान के नाम मे बहुते के छुट देहलख, एगो के चले देवेके हमनी के चले ना देवेके कहके स्थानीयबासी सडक मे अईलें, अब हमनी केतना आदमी से झगडा करीं ?” मेयर यादव औरही बजार मे खाद्यान्न दोकान से कपडा, फैन्सी, तरकारी जईसन आउर सभी दोकानसब खुलल आ तत्काल बन्द करावे खातिर जरुरी पहल कईल जानकारी देहनी ।






