तत्काल कोरोना अस्पताल सञ्चालन करे खातिर वीरगंज के चिकित्सक के माग

वीरगंज ३० चईत,

वीरगंज के चिकित्सक कोरोना भाइरस विशेष अस्पताल सञ्चालन करेके माग कईले बाडन ।
एतवार के दिने वीरगंज मे तीन भारतीय नागरिक मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद उहाँ कोरोना संक्रमित के ईलाज करत आईल चिकित्सक कोरोना विशेष अस्पताल सञ्चालन करेके माग कईले बाडन ।

एतवार के दिने नारायणी अस्पताल के चिकित्सक के आकस्मिक बईठक से जनरल आ कोभिड–१९ के मरेजी के एके जगहा मे राख के ईलाज कईला पर समस्या आवे सकेके उलोग बतवले बाडन । अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. मदन उपाध्याय जलदी से जलदी कोरोना विशेष अस्पताल सञ्चालन करेके बतवनी ।

उ ‘प्रदेश से निर्णय कईल कोभिड अस्पताल जलदी से जलदी सञ्चालन करेके पडि । ओईसन करे ना सकला के बाद स्थानीय प्रशासन कउनो अस्पताल के खाली करा के भी कोभिड अस्पताल बनावेके पडि ।’
कोरोना संक्रमित तीन जने भारतीय अभी नारायणी अस्पताल के आइसोलेसन वार्ड मे ईलाज करा रहल बाडन ।

चिकित्सकलोग कोरोना संक्रमित मिलल क्षेत्र वीरगंज– २ छपकैया के शिल करके जरुरी जाँच पड्ताल शुरु करेके माग कईले बाडन । उलोग मेडिसिन विभाग बाहेक सभी विभाग के चिकित्सक, स्वास्थ्यकर्मी कोभिड–१९ के ईलाज मे सहजोग करेके निर्णय कईले बाडन ।

प्रशासन जलदी से जलदी कोरोना संक्रमित मिलल क्षेत्र के शिल करके जरुरी जाँच करे खातिर अग्रसरता लेवेके, अस्पताल मे मरेजी राखल आईसोलेसन वार्ड भईल क्षेत्र मे उच्च सुरक्षा आ स्वास्थ्य सतर्कता अपनावे खातिर जरुरी प्रबन्ध मिलावे के माग रखले बाडन ।

बईठक मे अभी के परिस्थिति मे कईसे अगाडि बढेके कहके बारेमे हि छलफल भईल अस्पताल के चिकित्सक डा. उदयनारायण सिंह बतवनी । चिकित्सक बईठक के निर्णय के बारे मे आउर निकाय के अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ड डा मदन उपाध्याय पत्राचार कर रहल बाडन ।

चिकित्सक संघ नारायणी के अध्यक्ष डा. अरुण सिंह कोरोना संक्रमित के ईलाज लगायत के विषय मे कईसे अगाडि बढेके कहके बारेमे छलफल भईल बतवनी ।

‘दोसर व्यवस्था ना होखे तक संक्रमित के छोडे ना मिलल, जहाँ जहाँ जईहन, संक्रमण बढत जाई’ कहत उ ‘उ समय तक नारायणी अस्पताल के आइसोलेसन मे राखेके भईल बा । हमनी के चिकित्सक टिम ईलाज करेमे सहमत भईल बानी ।’

ओकरा खातिर अस्पताल टिम बनावल आ उलोग अलगे क्वारेन्टाइन मे रहके ईलाज मे खटेके उ जानकारी देहनी ।

‘कोभिड–१९ संक्रमित आ जनरल मरेजी एके जगहा मे राख के ईलाज करेके ना मिली, ओकरा से आउर जोखिम बढाई ।’ कहत उ ‘माकिर अभी हमनी सँगे विकल्प नइखे । सरोकारवाला निकाय समय मे दोसर व्यवस्था मिलावे मे हमनी आशावादी बानी ।’

नारायणी अस्पताल महामारी विरुद्ध लडे खातिर तइयारी रहल बतावत मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. मदन उपाध्याय सरोकारवाला नैतिक, मनोवैज्ञानिक आ भौतिक सहजोग करेके बतवनी ।

अस्पताल प्रशासन आ चिकित्सक क्षमता से भ्याए तक सहजोग करे खातिर तइयार बानी । पहिले त, आइसोलेसन मे मात्र ना, पुरे अस्पताल मे चुस्त सुरक्षा व्यवस्था मिलावेके पडि । भिडभाड बेसी होखे ना देहल जाँव’ कहके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।