खाद्यान्न कहत दारु ढुवानी करेवाला पकडईलें

सप्तरी ४ वैशाख,
बन्दाबन्दी आ सीमा नाका बन्द करके कोरोना महामारी विरुद्ध लड रहल समय इहाँ लागुऔषध आ दारु कारोवारी सक्रिय भईल बाडन ।
जरुरी सामान के नाम मे प्रदेश २–०१–००१ त ०५२८ नम्बर के ट्रयाक्टर मे दारु ढुवानी करेवाला महादेवा गाँवपालिका–१ के ३२ बरीस के श्रवण मण्डल आजु राजविराज नगरपालिका– ६ से पकडाईल बाडन ।
जरुरी खाद्यान्न कहत दारु ढुवानी कर रहल मिलला के बाद मण्डल के पकड के ट्रयाक्टर आ दारु बरामद् कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय के प्रहरी नायब उपरीक्षक तिलक भारती बतवनी ।
“बहुते जरुरी खाद्यान्न समान कहके बहाना बनाके लेजाए के समय मे शंका लागला पर जाँच कईला पर दारु मिलल,” कहत प्रनाउ भारती, “चालक मण्डल सँगे दारु के बिल भर्पाई भी ना रहे, लकडाउन के उल्लंघन करत खाद्यान्न सामान कहके खोलला पर अनेकन ब्राण्ड के दारु मिलल ।”
ट्रयाक्टर मे ९० कार्टुन दिलवाले नामक दारु, २० कार्टुन एम्बिसन नामक दारु आ छ कार्टुन गोल्डहली नामक दारु मिलल उ बतवनी । मंगर के दिने सीमा नाका बोदे बरर्साइन नगरपालिका–९ स्थित स्वर्णपट्टि से लागुऔषधसहित खड्क नगरपालिका–९ के १९ बरीस के मो आदिज के पुलीस पकडले रहे ।
भारतीय बजार लौकही से लागुऔषध खरिद करके लिया रहल आदिज के साथ से कोरेक्स तीन बोतल आ नाइट्रोभेट ट्रयाब्लेट ३० थान बरामद भईल सशस्त्र प्रहरी बल, नेपाल बोर्डर आउट पोष्ट सुभरनपट्टी के प्रमुख हिमाल केसी जानकारी देहनी ।
भारत से को४प ४३६८ नं के मोटरसाइकल मे लिया रहल लागुऔषधसहित विष्णुपुर गाँवपालिका– ५ परसाही के ४५ बरीस के जोगिन्द्र यादव बितल शुक के दिने भारतीय सीमा नाका छिन्नमस्ता गाँवपालिका– ६ हाटी से पकडईलें ।
आठ दिन पहिले हनुमाननगर कंकालिनी नगरपालिका– १ स्थित कोशी ब्यारेज लगे से लागुऔषधसहित तीन मोटरसाइकल मे आ रहल कञ्चनरुप आ हनुमाननगर कंकालिनी नगरपालिका के चार युवा पकडईलें ।






