वीरगंज भन्सार से ६ महिना मे १ खरब से बेसी राजश्व संकलन

वीरगंज ०५ माघ
वीरगंज भन्सार कार्यालय चालु आर्थिक बरीस ०७८÷७९ के ६ महिना मे १ खरब से बेसी राजश्व संकलन कईले बा । आयात निर्यात कारोबार के हिसाब से देश के मुख्य नाका मेसे एक वीरगंज भन्सार लक्ष्य से ६ प्रतिशत बेसी राजश्व संकलन कईले बा ।
भन्सार विभाग सावन से पुस तक के खातिर १ खरब २२ करोड १५ लाख ३७ हजार रोपेया राजश्व संकलन के लक्ष्य तोकले रहे । कार्यालय उ समय मे कुल १ खरब ५ अरब ९० करोड ८३ लाख ३५ हजार रोपेया राजश्व संकलन कईल वीरगंज भन्सार कार्यालय के प्रमुख भन्सार अधिकृत हरिहर पौडेल जानकारी देहनी । ‘पिछिलका आर्थिक बरीस २०७७÷७८ के समीक्षा समय के बराबरी मे ३२ अरब रोपेया बेसी राजश्व संकलन कईल गईल बा,’ कहत प्रमुख भन्सार अधिकृत पौडेल कहनी, ‘पुस महिना मे लक्ष्य मुताविक राजश्व संकलन ना भईल, माकिर आउर महिना मे लक्ष्य से बेसी असुली भईल कारण ६ महिना के लक्ष्य मिलल बा ।’
वीरगंज भन्सार बितल आव ०७७÷७८ के पुस तक मे ७३ अरब ५५ करोड रोपेया योगदान देहले रहे । प्रमुख भन्सार अधिकृत पौडेल के मुताविक पुस महिना मे १७ अरब ६० करोड ९० लाख ८ हजार राजश्व संकलन के लक्ष्य प्राप्त भईल रहे । कार्यालय लक्ष्य के ९७.७ प्रतिशत अर्थात १७ अरब २० करोड ९१ लाख ३४ हजार रोपेया संकलन कईले बा ।
कउन शीर्षक मे केतना राजश्व ?
वीरगंज भन्सार कार्यालय सब से बेसी मूल्य अभिवृद्धि कर से राजश्व संकलन कईले बा । ३१ अरब १२ करोड ९५ लाख ७९ हजार रोपेया कर उठावेके लक्ष्य लेहल भन्सार मूल्य अभिवृद्धि कर वापत लक्ष्य से ३२ प्रतिशत बेसी ४१ अरब ३ करोड ४५ लाख रोपेया संकलन कईले बा ।
वीरगंज भन्सार कार्यालय होत आईल मालसामान से ६ महिना मे ३८ अरब ५७ करोड ७३ लाख १४ रोपेया भन्सार महसुल संकलन भईला पर निर्यात भइल माल बस्तु से एकदमे कम राजश्व संकलन भईल बा ।
निर्यात भईल मालबस्तु से १ करोड ३२ लाख १९ हजार रोपेया मात्र भन्सार महशुल उठल बा । जउन लक्ष्य के १९ प्रतिशत मात्र ह । कार्यालय पुस मसान्त तक ६ करोड ९९ लाख ७६ हजार भसार महशुल निर्यात ओरी संकलन करेके लक्ष्य रखले रहे ।
अन्तःशुल्क ओरी १२ अरब २६ करोड ८१ लाख ६४ हजार आ पेट्रोलियम पदार्थ के आयात मे लगावल गईल पूर्वाधार कर मात्र ७ अरब ९७ करोड ३२ लाख ३२ हजार रोपेया संकलन भईल भन्सार बतवले बा । अग्रिम आयकर १४ करोड ६८ लाख ९० हजार रोपेया, स्वास्थ्य जोखिम कर ८३ लाख ६५ हजार, कृषि सुधार शुल्क ७३ करोड ६३ लाख ७६ हजार, सडक मर्मत तथा सुधार दस्तुर २ अरब ३९ लाख ९५ हजार संकलन कईले बा ।
भन्सार सम्बन्धी आउर आय शीर्षक मे ५ करोड ५७ लाख १८ हजार रोपेया आम्दानी कईल भन्सार से सडक निर्माण तथा सम्भार दस्तुर वापत ३ अरब ९ करोड ५ लाख ६१ हजार रोपेया संकलन कईल जनवले बा ।






