गण्डक मे कोभिड–१९ अस्पताल सञ्चालन अनुमति देवे खातिर वीरगंज महानगर के माग

वीरगंज १६ बैशाख
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १४ स्थित गण्डक अस्पताल आ वीरगंज महानगर बीच कोभिड अस्पताल स्थापना करेके सहमति भइल बा । माकिर स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय अनुमति ना देहला के चलते सञ्चालन मे आवे सकल नइखे ।
महानगर कोभिड–१९ अस्पताल सञ्चालन करे खातिर निजी अस्पताल से सम्झौता कईला पर भी कार्यान्वयन ना भईला के बाद अन्यौल के अवस्था मे बा । मन्त्रालय से सञ्चालन अनुमति ना देहला के चलते सञ्चालन मे लियावे ना सकल वीरगंज महानगरपालिका जनावत आईल बा ।
महानगरपालिका गण्डक अस्पताल से कईल सम्झौता के बारे मे वैशाख ८ गते हि पत्र पठाके मन्त्रालय मे जानकारी करवले रहे ।
ओकर सुनुवाई ना भईला के बाद नगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी फेनु मन्त्रालय के ध्यानाकर्षण करवले बानी । सरकार वीरगंज के नारायणी अस्पताल के कोभिड अस्पताल घोषणा कईले बा ।
अस्पताल अभी आउर सभी सेवा बन्द करके कोभिड–१९ के सेवा देरहल बा । प्रदेश नं २ मे अभी तक देखावल कोभिड–१९ संक्रमित के नारायणी अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा । नारायणी से ४ जने संक्रमित कोरोनामुक्त होके डिस्चार्ज भइल बाडन ।
एहितरे वीरगंज मे बाद मे मिलल दु, रौतहट मे मंगर के दिने मिलल दु आ सर्लाही के एक संक्रमित के ईलाज हो रहल बा ।
निजी क्षेत्र से सञ्चालित गण्डक अस्पताल प्रालि भवन, औजार उपकरण लगायत के भौतिक सम्पत्ति निःशुल्क उपभोग करेवाला किसिम से सम्झौता कईले बा ।
नारायणी अस्पताल के प्रमुख मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट आ चिकित्सक के नेतृत्व मे सञ्चालन होखेवाला किसिम से अस्थायी कोभिड अस्पताल सञ्चालन करे देवे खातिर महानगर स्वास्थ्य मन्त्रालय से अनुमति माग कईले बा ।
वीरगंज आ आसपास के क्षेत्र मे समुदाय स्तर मे कोभिड संक्रमण से महामारी के रुप लेवे सकेके खतरा के दृष्टिगत करके तत्काल अस्थायी कोभिड अस्पताल सञ्चालन के अनुमति देवे खातिर पत्र मे माग कईल बा ।
नारायणी अस्पताल के उपलब्ध करावल पीसीआर मेसिन सञ्चालन मे ना आईल विषय मे भी नगर प्रमुख मन्त्रालय के जानकारी करवले बानी । ‘वीरगंज आ आसपास के तीन—चार जिल्लासब के जनसंख्या के उच्च चाप बा ।
संक्रमण समुदाय स्तर मे जाए सकेके जोखिम भी बा’ कहत उ ‘तत्काल पीसीआर मेसिन सहित के ल्याव संचालन करेके पडि ।’
एहितरे महानगरपालिका पीसीआर परीक्षण के खातिर थ्रोट स्वाब के नमुना संकलन करे खातिर ५ हजार थान भीटीएम भी माग कईले बा ।






