मापदण्ड मुताविक क्वारेन्टाइन सञ्चालन करेके निर्देशन
जनकपुरधाम, २३ वैशाख,
प्रदेश नं २ के सामाजिक विकास मन्त्रालय से तोकल मापदण्ड मुताविक क्वारेन्टाइन सञ्चालन करेके निर्देशन देहले बा ।
कोरोना भाइरस रोकथाम तथा ईलाज के खातिर प्रदेश के अनेकन जगहा मे स्थापित कैयन क्वारेन्टाइन मापदण्ड मुताविक सञ्चालन ना भईल सिकाईत अईला के बाद मन्त्रालय उ निर्देशन देहले बा ।
मन्त्रालय के सचिव डा रामप्रसाद घिमिरे से सञ्चालन मे रहल आ आवेवाला दिन मे सञ्चालन होखेवाला क्वारेन्टाइन के खातिर मापदण्ड के पालना करे खातिर उ निर्देशन देहल जानकारी देहनी ।
उ मापदण्ड मे क्वारेन्टाइन घनाबस्ती से दुर होखेके, सञ्चार, स्वास्थ्य, सडक तथा बिजुली के व्यवस्था होखेके चाहिं ।
शिक्षण संस्था, होस्टेल, तालिमकेन्द्र, सामाजिक संरचना, सरकारी भवन जदि ओइसन व्यवस्था ना भईल जगहा मे खुल्ला मैदान मे पाल तथा आउर व्यवस्था करके क्वारेन्टाइन के स्थापना करेके रहल बा ।
गर्भवती जनानी, लईकालइकी, अपाङ्ग आ ज्येष्ठ नागरिक के खातिर अलगे क्वारेन्टाइन के व्यवस्था करेके आ सरसफाइ टिम के भी अलगे रहेके व्यवस्था होखेके बतवनी ।
क्वारेन्टाइन स्थापना के खातिर सङ्घ, प्रदेश आ स्थानीय तह से समिति गठन करके क्वारेन्टाइन स्थापना आ सञ्चालन करेके व्यवस्था बा ।
जउन मुताविक, सङ्घीय सांसद, प्रदेशसभा के सदस्य आ जिल्ला समन्वय समिति के प्रमुख उ समिति के सल्लाहकार रहेके व्यवस्था बा आ अनुगमन समिति मे प्रमुख जिल्ला अधिकारी, सुरक्षा के प्रमुख, स्वास्थ्य संस्था के प्रमुख आ सम्बन्धित पालिका के प्रमुख रहेके व्यवस्था बा ।
एकरा साथे, क्वारेन्टाइन सञ्चालन तथा व्यवस्थापन के खातिर सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी, सुरक्षाकर्मी के अधिकृत, नेपाल रेडक्रस, सम्बन्धित वार्ड अध्यक्ष, डिभिजन शहरी भवन कार्यालय के अधिकृत, अस्पताल के प्रमुख आ स्वास्थ्य अधिकृत रहेके व्यवस्था बा ।
क्वारेन्टाइन सञ्चालन के खातिर तोकल मापदण्ड मुताविक सञ्चालन ना भईल क्वारेन्टाइन मे सुधार करेवाला विषय मे जोड देत सचिव डा घिमिरे क्वारेन्टाइन के अनुगमन के खातिर गठित समिति के अनुगमन ओरी बेसी केन्द्रित होखेके देखल गईल बतवनी ।
ई प्रदेशअन्तर्गत के आठ जिल्ला के अनेकन जगहा मे १७५ गो क्वारेन्टाइनस्थल बा । उ क्वारेन्टाइन मे तीन हजार ९८८ गो श्यया के व्यवस्था कईल बा आ आइसोलेशन श्यया के सङ्ख्या २६७ रहल बा ।





