सप्तरी के तीन उद्योग मे सिलबन्दी

सप्तरी २४ वैशाख,
अनुज्ञा पत्र ना लेके सञ्चालन कईल कहत सप्तरी के तीन गो खाद्य उद्योग के बुध के दिने सिलबन्दी कईल बा ।
जिल्ला के हनुमाननगर कंकालनी नगरपालिका भितर के तीन उद्योग मे सिलबन्दी कईल खाद्य तथा गुण नियन्त्रण कार्यालय, राजविराज जनवले बा ।
कार्यालय प्रमुख सुरेश सिंह के मुताविक नगरपालिका के वार्ड नम्बर ९ स्थित नारायणी फिड्स एण्ड स्न्याक उद्योग आ नारायणी च्यूरा तथा भुजा उद्योग तथा वार्ड नम्बर ३ स्थित माँ सरस्वती फुड प्रोडक्ट मे सिलबन्दी कईल बा ।
उद्योग मे सिलबन्दी करत तीन दिन भितर कागजात सहित उपस्थित होखे खातिर निर्देशन देहल सिंह बतवनी ।





