लहान अस्पताल के कोरोना विशेष अस्पताल बनावल जाई

लहान, २ जेठ

प्रदेश नं २ मे कोरोना सङ्क्रमित के सङ्ख्या बढत गईला के बाद सिरहा के लहानस्थित रामकुमार उमाप्रसाद स्मारक अस्पताल के कोरोना विशेष अस्पताल के रूप मे सञ्चालन करेके तइयारी कईल बा ।
कोरोना भाइरस के सङ्क्रमण फईलल रहल अवस्था मे रहला से लहानस्थित अस्पताल के ५० श्यया के कोरोना विशेष अस्पताल सञ्चालन करेके तइयारी कईल बा ।

प्रदेश नं २ के आठ जिल्ला मेसे सिरहा जिल्ला बाहेक मे कोरोना सङ्क्रमण पुष्टि भईला के बाद लहान अस्पताल के प्रदेश नं २ के कोरोना विशेष अस्पताल के रूप मे सञ्चालन करेके कुछ दिन पहिले प्रदेश नं २ सरकार निर्णय कईले रहे ।

सप्तरी आ सिरहा लगायत प्रदेश नं २ के जिल्ला मे कोरोना सङ्क्रमण के जोखिम उच्च रहला से लहान अस्पताल के कोरोना विशेष अस्पताल बनावे के निर्णय भईल प्रदेश नं २ सरकार के प्रवक्ता एवं आन्तरिक मामिला तथा कानूनमन्त्री ज्ञानेन्द्रकुमार यादव जानकारी देहनी ।

प्रदेश के सभी जिल्ला मे आउर तीन–तीन सय क्षमता के क्वारेन्टाइन तइयारी अवस्था मे राखेके निर्णय भी भईल कानूनमन्त्री यादव बतवनी ।

प्रदेश सरकार के निर्णय मुताविक दु दिन पहिले सामाजिक विकास मन्त्रालय के टोली अस्पताल के स्थलगत निरीक्षण करके कोरोना अस्पताल सञ्चालन के सम्भावना आ चुनौती के विषय मे खुदसब सँगे छलफल भी कईल लहान अस्पताल के मेसु डा सुनिलकुमार कुशवाहा बतवनी ।

टोली कोरोना अस्पताल सञ्चालन के खातिर जरुरी पूर्वाधार सहित जनशक्ति जलदी पठावे के आ तईयारी सुरु करेके निर्देशन देहल मेसु डा कुशवाहा बतवनी ।

एहितरे सिरहा के लहानस्थित जेएस मुरार के क्याम्पस मे ३०० श्यया के क्वारेन्टाइन बनावेवाला बा ।

जिल्ला सुरक्षा समिति के बईठक से पडोसी देश भारत से नेपाली फिर्ता होखेके क्रम बढला से क्याम्पस मे क्वारेन्टाइन बनावे के निर्णय कईले बा ।

कोरोना प्रभावित भारत से बहुते सङ्ख्या मे नेपाली नेपाल प्रवेश करेके तइयारी मे रहला से अभी भईल क्वारेन्टाइन अपर्याप्त भईला से उलोग के तत्काल राखे खातिर क्याम्पस मे क्वारेन्टाइन बनावे के निर्णय भईल सिरहा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी सरोजप्रसाद गुरागाईँ जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।