गणतन्त्र दिवस के अवसर मे पोखरिया मे खुनदान कार्जक्रम

पोखरिया १५ जेठ

नेपाल के १३ वाँ गणतन्त्र दिवस के अवसर मे पर्सा के पोखरिया नगरपालिका मे आजु खुनदान कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

पोखरिया के जिल्ला उचांगल रामदेव कलवार उच्चमाध्यमिक बिद्यालय मे भईल खुनदान कार्जक्रम मे ४० जने खुनदान कईल रक्त संचार केन्द्र वीरगंज जनवले बा ।

खुनदान करेवाला मे रेडक्रस पर्सा के मन्त्री शैलेन्द्र कुमार चौरसिया, नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के उपाध्यक्ष अनुप तिवारी, पोखरिया अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. अनिल कुमार यादव, हृदय नारायण कुर्मी, पत्रकार धर्मेन्द्र चौरसिया, बृजेश दुबेदी, मनोज कुमार साह, राजु रौनियार, सुदिप कुर्मी दिनानाथ साह लगायत रहल रक्त संचार केन्द्र वीरगंज के प्रबिधिक धिरेन्द्र झा बतवनी ।

खुनदान कार्जक्रम मे रक्त संचार केन्द्र बिरगंज के प्राबिधिक सहजोग आ पोखरिया नगरपालिका के कार्यालय आ नेपाल रेडक्रस सोसाइटी पोखरिया उपशाखा, पोखरिया अस्पताल, ईलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया आ सशस्त्र प्रहरी बल पोखरिया के संयुक्त आयोजना मे भईल कार्जक्रम के नेपाल रेडक्रस सोसाइटी पर्सा के सभापति विरेन्द्र राज कँडेल उदघाटन कईले रहनी ।

खुनदान करेवाला के पोखरिया नगरपालिका के मेयर दिपनारायण रौनियार प्रमाणपत्र बँटले रहनी । नेपाल रेडक्रस सोसाइटी पोखरिया शाखा के सभापति भगवान कुर्मी के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे संबिधान सभासदस्य रामेश्वर प्रसाद रौनियार, ईलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के प्रहरी निरिक्षक चन्द्र कुमार सिंह, सशस्त्र प्रहरी निरिक्षक हरी सिंह विष्ट, शिक्षक पर्वत ठाकुर, राजन श्रीवास्तव लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।