पर्सा मे टाडका से बँचेके समय मे एक आदमी के मृत्यु

वीरगंज १७ जेठ,
पर्सा मे टाडका से बँचे खातिर भागेके समय मे गिर के एक आदमी के मृत्यु भईल बा ।
मृत्यु होखेवाला मे पर्सागढी नगरपालिका–२ बहुअर्वा के ४२ बरीस के रामबाबु महतो नुनिया रहल बाडन ।
घर से पश्चिम ओरी के आम के बगैँचा मे काम कर रहल समय मे आकाश मे गड्याङगुडुङ करत टाडका सहित पानी परे लागला के बाद उ ज्यान जोगावे के समय मे गिरल रहनी ।
सबेरे साढे ९ बजे के समय मे गिरल टाडका से उनकर मृत्यु भईल हो सकेके आशंका स्थानीय कईले बाडन ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता डीएसपी विरेन्द्रबहादुर शाही मृत्यु के कारण यकिन होखे ना सकल बतवनी ।
“मृत्यु भईल सही ह माकिर टाडका लागके भईल बा भा डरा के भागला पर भईल बा । यकिन होखे नइखे सकल,” कहत उ, “पोष्टमार्टम रिपोर्ट अईला के बाद मात्र यकिन होखी ।”
लास पोष्टमार्टम के खातिर वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल पठावल गईल इलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वा सुगौली जनवले बा ।
साथे घायल भईल दोसर एक जने स्थानीय स्वास्थ्य चौकी मे ईलाज के बाद घर फिर्ता भईल बाडन ।






