वार्षिक प्रतिवेदन पारित

काठमाण्डु २२ जेठ
सङ्घीय संसद् के अन्तर्राष्ट्रिय सम्बन्ध समिति आपन वार्षिक प्रतिवेदन पारित कईले बा ।
प्रतिनिधिसभा नियमावली, २०७५ मुताविक परराष्ट्र आ संस्कृति पर्यटन तथा नागरिक उड्डयन मन्त्रालय से होखेवाला काम के अनुगमन आ मूल्याङ्कन करके जरुरी सुझाव एवं निर्देशन देवेके कार्यादेश मिलल समिति एक बरीस भितर कईल काम कारवाही समेटल वार्षिक प्रतिवेदन आजु पारित कईले बा ।
समिति के सभापति पवित्रा निरौला खरेल के अध्यक्षता मे बईठल बईठक से नेपाल के सार्वभौमसत्ता आ भौगोलिक अखण्डता रक्षा भारत लगायत विश्व के आउर राष्ट्र मे रहल नेपालीलोग के कोभिड–१९ के महामारी से सुरक्षा, उलोग के समस्या सम्बोधन, उद्धार, बन्दाबन्दी से विदेश मे अलपत्र पडल नेपाली के उद्धार, अतिक्रमित नेपाली भूभाग के समेट के नेपाल के नयाँ नक्सा प्रकाशन, भारतद्वारा नेपाल के दार्चुला जिल्ला के लिपुलेक क्षेत्र मे निर्मित सडक, लिम्पियाधुरा, लिपुलेक लगायत कालापानी भूभाग मे नेपाल के सुरक्षा आ प्रशासनिक उपस्थिति कायम करे खातिर नेपाल सरकार के देहल सुझाव आ निर्देशन समेटल प्रतिवेदन पारित कईले बा ।





