जनकपुरधाम मे दिन के १२ बजे तक दोकान खोलेके सहमति

जनकपुरधाम २३ जेठ
जनकपुरधाम मे स्थानीय प्रशासन आ व्यापारीबीच दुपहरिया १२ बजे तक दोकान खोलेके सहमति भईल बा ।
शुक के सबेरे व्यापारी आ जिल्ला प्रशासन कार्यालय, सुरक्षा निकायबीच भईल छलफल से दुपहरिया १२ बजे तक दोकान खोलेके मौखिक सहमति कईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी कोषहरि निरौला जानकारी देहनी ।
खाद्यान्न, तरकारी, फलफूल, दूधसहित जरुरी सामान के दोकान खुला हि रहे, आउर दोकान भी लुका के सञ्चालन होत रहे’ कहत निरौला, ‘पुलीस के अईला के बाद बन्द करेके आ गईला के बाद आधा सटर खोल के दोकान सञ्चालन करत आईल अवस्था मे दुपहरिया तक दोकान खोले देवेके सहमति भईल बा ।’
कुछ दिन एने देश के प्रमुख शहर मे व्यापारीलोग लकडाउन उल्लंघन कतर दोकान खोलेके बतवला के बाद स्थानीय प्रशासन के सहमति मे दोकानसब खुले लागल बा ।
प्रजिअ निरौला ग्राहकलोग बीच दूरी कायम करेके आ सेनिटाइजर के प्रयोग लगायत सुरक्षा के उपाय अपना के व्यवसाय सञ्चालन होखेके बतवनी ।
आउर व्यवसाय खुलला पर भी सिनेमा घर, सैलुन आदि कैयन व्यवसाय प्रशासन से खोले ना देवेके भईल बा । बियफे के दिने दोकान खोलल कहत पुलीस दु जने व्यापारी के पिटपाट कईले रहलन ।
पिटपाट करेवाला पुलीस के प्रदेश प्रहरी कार्यालय कारबाही प्रक्रिया सुरु कईले बा ।





