प्रदेश २ मे आउर ८३ जने मे कोरोना संक्रमित पुष्टि

वीरगंज २५ जेठ,

पिछिलका २४ घण्टा मे प्रदेश २ मे आउर ८३ जने कोरोना संक्रमित थपाईल बाडन ।

अनेकन प्रयोगशाला मे भईल पीसीआर परीक्षण के समय मे ८३ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । एकरा सँगे प्रदेश मे संक्रमित के संख्या १ हजार १ सय ४९ पुगल बा ।

सर्लाही मे ७४ जने, महोत्तरी मे ५ जने, सिराहा मे २ जने, धनुषा मे १ जने आ रौतहट मे १ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल सामाजिक विकास मन्त्रालय जनवले बा ।

एहितरे सप्तरी मे जोडल गईल पीसीआर मेसिन से भी कोरोना परीक्षण सुरु भईल बा ।

मन्त्रालय के सचिव रामप्रसाद घिमिरे के मुताविक सप्तरी मे जडान कईल पीसीआर मेसिन से परीक्षण सुरु भईल बा ।

एकरा से पहिले वीरगंज आ जनकपुर मे जोडल गईल ल्याब से मात्र परीक्षण होत आईल रहे ।

ल्याब कमी मे एकरा से पहिले स्वाब परीक्षण के खातिर प्रदेश नम्बर १ आ ३ के ल्याब मे पठावे के बाध्यता रहे ।

“आरटी पीसीआर परीक्षण के दायरा बढावे के नीति सरकार के रहला पर भी परीक्षण करेके क्षमता सिमित बा ।

ओहिसे परीक्षण मे गति देवे सकल नइखे,” कहत उ, “फिरभी आइसोलेसन कक्ष के प्राथमिकता देके काम कर रहल बानी ।”

३०२ जने संक्रमित डिस्चार्ज
प्रदेश २ से अभी तक ३०२ जने कोरोना संक्रमित अस्पताल से डिस्चार्ज भईल बाडन ।

लगातार दु बेर कईल पीसीआर परीक्षण के रिपोर्ट नेगेटिभ अईला के बाद उलोग के डिस्चार्ज कईल घिमिरे बतवनी ।

शनिचर के दिने मात्र सर्लाही के मलंगवास्थित अल्पामाई रामनारायण यादव नर्सिङ कलेज के आइसोलेसन कक्ष मे ईलाज करा रहल एक जने जनानी सहित १४ जने, रौतहट के गौरस्थित गौर नर्सिङ्ग इन्टिच्यूट से एक जने जनानी सहित १८ जने कोरोना संक्रमितलोग डिस्चार्ज भईल बाडन ।

उलोग मे जेठ ४ गते संक्रमण पुष्टि भईल रहे । बारा के कलैया स्थित शैक्षिक तालिम केन्द्र आइसोलेसन से १२ जने पुरुष डिस्चार्ज भईल रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।