प्रदेश २ मे एके दिन २०४ जने कोरोना संक्रमित थपईलें

वीरगंज २८ जेठ

पिछिलका २४ घण्टा मे प्रदेश २ मे २०४ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

सप्तरी मे ६, सिराहा मे १३, धनुषा मे २२, महोत्तरी मे ४४, सर्लाही मे ४३, रौतहट मे ६८ आ बारा मे ८ जने आदमी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल प्रदेश–२ के सामाजिक विकास मन्त्रालय जनवले बा ।

सप्तरी के छिपरमाई गाँवपालिका के क्वारेन्टिन मे १ जने जनानी सहित ६ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

सिराहा के सिराहा नगरपालिकास्थित सत्यनारायण सूर्य नारायण मरबैता यादव क्याम्पस के क्वारेन्टिन के ११ जने, बरियारपट्टी माध्यमिक विद्यालय मे १ जने आ खुशीपुर मे १ जने पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

महोत्तरी के जलेश्वर नगरपालिका मे सञ्चालित क्वारेन्टिन के ६ जने जनानी सहित ३१ जने आ मनरा सिसवा नगरपालिका मे सञ्चालित क्वारेन्टिन के १३ जने मे संक्रमण देखल गईल बा ।

सर्लाही के रामनगर गाँवपालिकास्थित क्वारेन्टिन के १० जने, कविलासी गाँवपालिका के क्वारेन्टिन के ५ जने, चन्द्रनगर गाँवपालिक के क्वारेन्टिन के १० जने, कौडेना गाँवपालिका क्वारेन्टिन के २ जने आ हरिवन नगरपालिका मे १६ जने मे कोरोना संक्रमण के पुष्टि भईल बा ।

रौतहट के घिउरा, गौर, राजपुर, टिकुलिया आ परोहा लगायत के जगहा के ६८ जने मे कोरोना संक्रमण के पुष्टि भईल बा आ बुध के दिने हि बारा मे ८ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टी भईल बा ।

पिछिलका २४ घण्टा मे ३६ जने संक्रमित डिस्चार्ज
पिछिलका २४ घण्टा मे प्रदेश २ के अनेकन आइसोलेसन से ३६ जने संक्रमित ईलाज के बाद ठिक होके घर फिर्ता भईल बाडन ।

आजु महोत्तरी के जलेश्वर नगरपालिका स्थित कोभिड विशेष अस्पताल से ७ जने कोरोना संक्रमितलोग ठिक होके घर गईल बाडन । एकरा सँगे प्रदेश २ से २९९ जने कोरोना संक्रमित डिस्चार्ज होके घर गईल बाडन ।

एकरा से पहिले प्रदेश २ के अनेकन आइसोलेसन से २९ जने कोरोना संक्रमित ईलाज के बाद ठिक होके घर गईल बाडन ।

बारा के कलैया अस्पताल अन्तर्गत के कोभिड विशेष अस्पताल आइसोलेसन मे ईलाज करा रहल बारा के महागढीमाई नगरपालिका के ३ जने पुरुष आ बारा जिल्ला के पचरौता नगरपालिका के ३ जने पुरुष करके कुल ६ जने जेठ २७ गते डिस्चार्ज भईल बाडन ।

सिराहा के सराहा कोभिड विशेष अस्पताल अन्तर्गत महेन्द्र गेनाई अस्पताल के आइसोलेसन कक्ष मे ईलाज करा रहल सिराहा के धनगढीमाई के २ जने, भगवानपुर के ४ जने, लहान के ४ जने, बरियारपटुटी के ४ जने, सखुवारनानकट्टी के १ जने, लक्ष्मीपुर पटारी के १ जने, नवराजपुर के १ जने, औरही के १ जने, रुपनी के १ जने आ ओखलढुंगा जिल्लाघर रहल सिराहा जिल्ला मे रहत आईल १ जने पुरुष ईलाज के बाद ठिक होके घर गईल बाडन ।

सप्तरी के गजेन्द्र नारायण सिंह सगरमाथा अन्तर्गत के कोभिड विशेष अस्पताल के आइसोलेसन से सप्तरी के डाक्नेश्वरी नगरपालिका के २ जने आ बलान बिहुल गाँवपालिका के १ जने करके कुल ३ जने पुरुष संक्रमणमुक्त होके घर गईल बाडन ।

एहितरे पीसीआर परीक्षण से संक्रमण पुष्टि भईल सप्तरी के गजेन्द्र नारायण सिंह सगरमाथा अस्पताल अन्तर्गत राजविराजस्थित साईकृष्ण कोभिड १९ अस्पताल के आइसोलेसन मे ७ जनानी सहित एक सय जने के ईलाज हो रहल बा ।

सिराहा के सिराहा अस्पताल अन्तर्गत के महेन्द्र गेनाई कोभिड विशेष अस्पताल आइसोलसन मे २ जने जनानी सहित १८ जने, सिराहा नगरपालिकास्थित सिराहा कोभिड विशेष अस्पताल आइसोलेसन मे २२ जने, धनुषा के लक्ष्मीनिया गाँवपालिकास्थित वीपी मेमोरियल पोलिटेक्निकल इस्न्टिच्युट आइसोलेसन मे एक जने जनानी सहित ४३ जने कोरोना संक्रमित के राखल बा ।

महोत्तरी के जलेश्वर अस्पताल अन्तर्गत के कोभिड विशेष अस्पताल मे ३ जने जनानी सहित ८८ जने, सर्लाही के मंलगवा स्थित अल्पामाई रामनारायण यादव नर्सिङ्ग कलेज आइसोलेसन मे ९ जने जनानी सहित १४२ जने, सर्लाही के फरहदवा स्वास्थ्य चौकी आइसोलेसन मे एक जने जनानी सहित ९ जने संक्रमित के ईलाज हो रहल बा ।

रौतहट के चपुर अस्पताल मे २ जने जनानी सहित ३० जने, गौर नगरपालिकास्थित गौर नर्सिङ्ग इस्न्टिच्युट के आइसोलेसन मे २ जने जनानी सहित १६ जने, राजपुर फरहदवा स्थित प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र के आइसोलेसन मे २५ जने पुरुष आ देवाही गोनाही नगरपालिका स्थित जय किसन उच्च माध्यमिक विद्यालय मे २ जने जनानी सहित ९७ जने, गरुडा नगरपालिकास्थित नेपाल प्रहरी विद्यालय मे ४ जने जनानी सहित ७४ जने कोरोना संक्रमितलोग के ईलाज हो रहल बा ।

बारा के कलैया अस्पताल अन्तर्गत शैक्षिक तालिम केन्द्र आइसोलेसन मे ३ जने जनानी सहित २५ जने कोरोना संक्रमित आ पर्सा मे नारायणी अस्पताल अन्तर्गत के गण्डक कोभिड अस्पताल मे ७ जने जनानीसहित ३९ जने संक्रमित के ईलाज हो रहल बा ।

बारा मे बुध के दिने थपाईल ८ जने संक्रमित के भी कलैया के आइसोलेसन मे लियावल बा ।

सिराहा नगरपालिकास्थित सिराहा कोभिड विशेष अस्पताल सिराहा मे १७ जने, प्रादेशिक अस्पताल जनकपुर अन्तर्गत के कोभिड १९ विशेष अस्पताल मे ४ करके कुल २१ जने शंकास्पद कोरोना संक्रमित के राखल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।