भारत मे नेपाल के झण्डा जरावल विरोध मे वीरगंज मे प्रदर्शन

वीरगंज ०७ असाढ

भारत मे नेपाल के राष्ट्रिय झण्डा जरावल विरोध मे वीरगंज मे भईल प्रदर्शन मे पुलीस हस्तक्षेप करके २ जने के पकडले बा ।

जनता समाजवादी पार्टी के मुस्लिम विभाग केन्द्रीय कार्य समिति वीरगंज से कईल विरोध प्रदर्शन मे पुलीस हस्तक्षेप करत पार्टी के महानगर कमिटी के अध्यक्ष लियाकत अली आ विद्यार्थी नेता मोहसिन राजा के पुलीस नियन्त्रण मे लेहले बा ।

उलोग के जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे राखल बा । वीरगंज के मालपोत चोक से सुरु भईल विरोध प्रदर्शन घण्टाघर मे आके कोणसभा मे परिणत भईल रहे ।

कोणसभा ओराए लागला पर पुलीस हस्तक्षेप कईल आ धकेलाधकेल भईला के बाद पुलीस महानगर अध्यक्ष सहित २ जने के नियन्त्रण मे लेहले बा ।

जुलुस मे सहभागिलोग झण्डा हमनी के शान ह, झण्डा हमनी के पहिचान ह, नेपाल आमा जिन्दाबाद लगायत के नारा लगईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।