१२५ किलो गाँजा सहित तीन जने पकडइलें

प्रभु यादव
बारा १२ असाढ
बारा जिल्ला के करैयामाई गाँवपालिका से पुलीस १ सय २५ किलो गाँजा सहित तीन जने के पकडले बा ।
कलैया उपमहानगरपालिका–१७ ब्रह्मपुरी टोल रहेवाला २५ बरीस के सुवोधप्रसाद यादव, पर्सा के बहुदरमाई नगरपालिका –९ घर भईल बारा करैयामाई गाँवपालिका–४ रहेवाला ६२ बरीस के समसुल हक देवान आ चितवन के राप्ती नगरपालिका–७ के ४५ बरीस के लक्ष्मीबहादुर राई पकडाईल बाडन । प
मेसे यादव ना ७ ख ४२५२ नम्बर के ट्रक डाईबर हउवन ।
उलोग के उहे ट्रक मे चितवन के लोथर से गाँजा लिआईल रहलन । ट्रक से गाँजा के पोकासब उतार के ईंट्टा भट्टा मे लेजारहल अवस्था मे पुलीस पुगल रहे ।
पुुुुलिस चौकी गंजभवानीपुर बारा से खटल पुलीस टोलीले गाँजा लादेमे प्रयोग भईल ट्रकसहित आदमी के नियन्त्रण मे लेहले रहे ।
बारा के प्रहरी प्रवक्ता नायब उपरीक्षक गौतम मिश्र करैयामाई गाँवपालिका–३ स्थित बुलेट ईंट्टा उद्योग से उलोग के नियन्त्रण मे लेहल जानकारी देहनी ।
“अवैध लागूऔषध गाँजा ढुवानी हो रहल कहके सूचना हमनी के मिलल रहे ।
सूचना के आधार मे ईंट्टा भट्टा मे पुगला पर ९ गो पोका मे १ सय २५ किलो गाँजा मिलल बा,” कहत उ, “लोथर से गाँजा लियावे मे प्रयोग कईल ट्रक आ ढुवानी मे संलग्न ट्रक डाईबर सहित तीन जने के पकडल गईल बा ।”
एहितरे पुलीस प्र.न.२–०३–००१ प–९४१ नम्बर के मोटरसाइकल भी बरामद कईले बा । घटना के बारे मे आउर अनुसन्धान हो रहल बारा पुलीस जनवले बा ।






