समृद्धि के बाधक लागुऔषध : गृहमन्त्री थापा

काठमाण्डु, २३ असाढ,

गृहमन्त्री रामबहादुर थापा देश के आधारभूत समस्या के रुप मे लागुऔषध रहल बतवले बानी । सबसे बेसी युवा पुस्ता लागुऔषध के दलदल मे फँसल उदाहरण प्रस्तुत करत उ देश के समृद्धि के बाधक भी लागुऔषध हि भईल जिकिर कइनी । लागुऔषध दुरुपयोग के चलते उत्पादनमूलक जनशक्ति प्रभावित भईल भी उ उल्लेख कइनी । गृहमन्त्रालय मे आजु आयोजना कईल लागुऔषध प्रयोगकर्ता के सर्वेक्षण २०७६ के प्रतिवेदन सार्वजनिक करत उ तथ्यङ्क लागुऔषध के दुरुपयोग कोरोना जईसन विश्वव्यापी रुप मे फरल उल्लेख कइनी । उ कहनी कि, “ई एक किसिम के कोरोना जईसन सङक्रामक बेमारी से भी फरक ना पडि, एकरा से कोरोना जईसन मानव अस्तित्व सुरक्षित राखे खातिर विश्वसामु हि चुनौती खडा कर रहल बा ।

” प्रतिवेदन मे देशभर कुल एक लाख ३० हजार ४२४ जने लागुऔषध प्रयोगकर्ता रहल बाडन । अनेकन ४३ जिल्ला के दु हजार प्रयोगकर्ता से भेट के सर्वेक्षण करके प्रतिवेदन सार्वजनिक कईल बा । बितल २०६९ मे प्रयोगकर्ता के सङ्ख्या कूल ९१ हजार ५३४ रहे । तथ्याङ्क मे वृद्धि भईला पर भी वृद्धिदर घटल मिलल बा । उ युवा शक्ति बेसी लागुऔषध दुरुपयोग मे फँसला से ओकर नियन्त्रण के खातिर सामूहिक प्रयास के जरुरी रहल बतवनी ।

गृहमन्त्रालय से लागू कईल ८२ बुँदे गृह प्रशासन सुधार योजना मे भी लागुऔषध दुरुपयोग आ एकरा से होखेवाला अपराध रोकेके काम के प्राथमिकता मे राखल जानकारी देत उ मिलल तथ्याङ्क मे सङ्ख्या वृद्धि भईला पर भी वृद्धिदर घटल खुशी के बात भईल बतवनी । मिलल प्रतिवेदन से आवेवाला दिन मे एकर दुरुपयोग नियन्त्रण के खातिर आउर रणनीति तय करेमे सहजोग पुगेके उ विश्वास व्यक्त कइनी ।

गृहसचिव महेश्वर दाहाल बेरोजगारी बेसी लागुऔषध प्रयोगकर्ता रहल प्रतिवेदन से देखावल ओरी ध्यान देवेके बात मे जोड देहनी । “युवा शक्ति सहभागी भइल कहल देश के विकास मे भी अवरोध भईल ह”, कहत उ, “लागुऔषध सँगे आउर बेमारी के साइनो जुडला से मानव स्वास्थ्य के भी प्रतिकूल प्रभाव पार रहल बा, एकरा ओरी समय मे सोंचेके पडि ।”

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।