जनसङ्ख्या के व्यवस्थापन सरकार के प्राथमिकता : मन्त्री ढकाल

काठमाण्डु, २७ असाढ

स्वास्थ्य तथा जनसङ्ख्यामन्त्री भानुभक्त ढकाल जनसङ्ख्या के व्यवस्थापन के सरकार प्राथमिकता मे राखल बतवले बानी ।

२५ वाँ विश्व जनसङ्ख्या दिवस के अवसर मे अजाु शुभकामना सन्देश देत उ जनसङ्ख्या वृद्धि मे सन्तुलन, प्रजनन स्वास्थ्य मे सुधार, प्रजनन अधिकार के पृष्ठपोषण, बालवियाह मे कमी, सुरक्षित मातृत्व लगायत के क्षेत्र मे प्रगति कईल भी बतवनी ।

मन्त्री ढकाल जनसङ्ख्या विकास के मूल आधार मात्र ना होके देश के अस्तित्व स्थापना करेवाला एगो मूल मापक रहल उल्लेख करत जनसङ्ख्या आ विकास से जोडल महत्वपूर्ण बहुआयामिक क्षेत्रसब के नीति, निर्माण आ कार्जक्रम सञ्चालन करेके सरकार के प्राथमिकता रहल बतवनी ।

उ जनसङ्ख्या के क्षेत्र मे बढिया काम कईला पर भी कुछ सुधार करेके बाकी रहल बतवनी ।

“सन्तुलित जनसङ्ख्या के वितरण आ प्रभावकारी जनसङ्ख्या व्यवस्थापन के मार्ग मे जनसङ्ख्या के खासखास सूचकसब मे सुधार करेके अवस्था बा”, उ कहनी कि, “सेवासुविधा के कमी के चलतले नागरिक जन्मथलो छोडके दोसर जगहा बसाइँसराइ करेके बाध्यता के अन्त्य करे खातिर सभी जगहा मे जरुरी पूर्वाधारसब के निर्माण करके व्यवस्थित बसोबास के मिला के अव्यवस्थित शहरीकरण रोकेके ओरी सरकार ध्यान देरहल बा ।”

देश के आधा हिस्सा से बेसी सङ्ख्या मे रहल जजानी के स्वास्थ्य, शिक्षा, लैङ्गिक समानता, रोजगारी जईसन विषयसब मे राज्य विशेषरूप मे ध्यान देवे सकला पर देश के विकास मे एकरा से बडका योगदान पुगावे सकेके उनकर कहनाम रहे ।

विश्वभर हि मनावे लागल दिवस के नारा ‘कोभिड–१९ सङ्क्रमण के पूर्ण अन्त्य कईल जाँव, जनानी आ किशोरीलोग के स्वास्थ्य आ अधिकार सुरक्षित कईल जाँव’ रहल बा ।

सन् १९८७ मे विश्व के जनसङ्ख्या पाँच अरब पुगल स्मरण करत सन् १९८९ मे नेपाल सहित १७९ सदस्य राष्ट्रसब ई दिवस मनावे लागल बा ।

नेपाल के जनसङ्ख्या तीन करोड पुगल बा । उ मेसे शहर मे २१.४ प्रतिशत रहल मन्त्रालय के जनसङ्ख्या महाशाखा प्रमुख शैलेजा रेग्मी जानकारी देहनी ।

एहितरे नेपाल विश्व के जनसङ्ख्या के ४९ वाँ जगहा मे रहल बा । नेपाल के औसत आयु ७१.७४ रहल बा । प्रतिहजार मे २३.४ जने शिशु मृत्युदर रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।