प्रसौनी गाँवपालिका मे बाढ से पिडित किसान बुझवलें ज्ञापन पत्र

प्रभु यादव

बारा २९ असाढ

बारा के प्रसौनी गाँवपालीका मे बाढ से क्षतिग्रस्त क्षेत्र के किसान समस्या समाधान करेला ज्ञापन पत्र बुझावले बाडन ।

नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी के युवा नेता उमेश कुशवाहा के अगुवाई मे प्रसौनी गाँवपालिका के प्रशासकीय अधिकृत मुस्तुफा अंसारी के ज्ञापन पत्र बुझावले बा ।

वार्ड नम्वर ५ आ ६ मे प्रदेश सरकार के माध्यम से दुधौरा नदि मे एक तर्फी बाध बधला से १०० विगहा खेती कईल जमिन कटान भईल अवगत करावत क्षतिपूर्ति के व्यवस्था करे के माग करत ज्ञापन पत्र देहले बा ।

बाढ से क्षतिग्रस्त क्षेत्र घोषण करत किसान के उचित क्षतिपूर्ति के व्यवस्था करे के माग कईले बा ।

दुधौरा नदि के दुनु तर्फ तटबन्ध के जलदी से जलदी व्यवस्था कर के नदि नियन्त्रण करे के माग ज्ञापन पत्र मार्फत कईले बा ।

नेता कुशवाहा के अगुवाई मे कपिलदेव मण्डल, अब्दुल अंसारी, अम्बिकालाल साह, संतोष कुमार साह, मन्जुर अलम, प्रेम प्रसाद साह, गणेश साह लगायत २९ जने गाउपालीका पुगल रहलन ।

ज्ञापन पत्र लेहत प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत अंसारी माग के सम्बन्ध मे सम्बन्धित लोग लगे पुगा के पूरा करावे के असवासन देहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।