नेपाल भारत के सिमाना विवाद ९८ प्रतिशत समाधान भईल बा : मन्त्री यादव

नेपाल भारत के सिमाना विवाद ९८ प्रतिशत समाधान भईल बा : मन्त्री यादव

प्रभु यादव

बारा ०६ माघ

बारा के देवताल गाँवपालिका वार्ड नम्वर ५ के धुराहा गाँव मे नेपाल समाजवादी पार्टी के बृहत् पार्टी प्रवेश कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

पार्टी प्रवेश कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि नेपाल समाजवादी पार्टी के राष्ट्रिय अध्यक्ष एवम संघिय खानेपानी तथा वातावरण मन्त्री महेन्द्र राय यादव नेपाल भारत सिमा विवाद ९८ प्रतिशत समाधान होगईल बा दु प्रतिशत छलफल से करेके बतवले बानी । नेपाल के सभे आन्दोलन मे भारत के कवनो ना कवनो हिसाब से सहजोग रहल रहे कहके अध्यक्ष यादव बतावले बानी ।

नेपाल मे दु पक्ष के लेके चलरहल बा पहिलका संघिय गणतन्त्र आ दुसरका संघिय गणतन्त्र के कमजोर कर के अगाडि बढरहल अध्यक्ष यादव बतावले बानी । संघियता के अगाडि बढावेला पार्टी सब गठबन्धन कर के चलरहल अध्यक्ष यादव बतावले बानी । सरकार अईला पर देश के सुशासन कायम करेला भुटानी शरणर्थी के समस्या मे गलत लागल लोग के कारवाही कईल गईल यादव जनकारी करावले बानी ।

सरकार मिटरव्याजी के समस्या प्रशासन के मातहत से सुलझावे के चाह रहल यादव बतावले बानी । एमाले के असहमती से विधेयक सब सरकार से लियावल ओझेल मे पडल यादव बतावले बानी । गठबन्धन के सरकार देश के अमुल परिवर्तण करे के चाह रहल यादव बतावले बानी । गठबन्धन के सरकार पाँच वरीस चलत रही कहके ठोकुवा कईले बानी । देश मे सुशासन आ शान्ति लियावेला प्रचण्ड कुछ जरूरी रहल यादव जनकारी करावले बानी । नेकपा माओवादी आ नेपाल समाजवादी पार्टी एकीकरण होकर के नेकपा समाजवादी बने के सुझाव देहले बानी ।

मधेश के सहिद सब के थाती राख के लुटेवाला पार्टी सब समाप्त होखे के मन्त्री यादव जनकारी करावले बानी । स्वरोजगार के स्थापना शिक्षा ऐन, प्रहरी ऐन प्रदेश के दवाब मे १५ दिन मे पास होखेवाला बा मन्त्री यादव बतावले बानी । केन्द्रीय महासचिव एवम पूर्व राष्ट्रिय सभा सदस्य रमेश यादव समग्र मधेश बनेवाला रहे जवन ना बने सकल ओहकर दोषी के होई जनता बुझरहल बा बतावले बानी । सहिद के बलिदानी के निचे दबा के राजनिति होरहल बा जवना से विकास होखे के केतना आशा राख सकल जाता महासचिव यादव बतावले बानी ।

मधेश प्रदेश के विकास आ निकास के खातिर महेन्द्र राय यादव के सभे पार्टी के एक बना के सुरू कईलन माकिर उपेन्द्र यादव तितिर वितिर कर देहलन महासचिव यादव बतावले बानी । सहिद के बलिदानी के देन हवेकी संघियता आईल जवना से हर समुदाय के लोग आरक्षण के सिट पर काम करहल बा यादव बतावले बानी । नेता लोग नातागोता जात के भवना मे भुलल बा जवना से देश के विकास ना होई यादव जनकारी करावले बानी ।

गाँव–गाँव मे शिक्षा आ स्वास्थ्य के विकास होरहल बा जवन संघियता के देन हवे तनाशाह राजा के ना भईल महासचिव यादव बतावले बानी । मधेश के माग सब बहुते पूरा भईल बा बाकि रहल माग सब वार्ता से छलफल कर के पूरा करावल जाई महासचिव बतावले बानी । बारा के निर्वाचन क्षेत्र २ के उपनिर्वाचन के परिणाम से हिजडा के क्षेत्र भईल पदवी देरहल महासचिव बतावले बानी । माओवादी के केन्द्रीय अध्यक्ष पुष्पकमल दहाल प्रचण्ड देश के १० गो पार्टी के एकता कर के देश के हाकरहल बानी महासचिव यादव बतावले बानी ।

केन्द्रीय सदस्य विरेन्द्र यादव मधेश के पार्टी सब एक भईल जवन फुट होगईल जवना के सभे उपेन्द्र यादव के भईल बतावले बानी । पार्टी के मधेश प्रदेश के अध्यक्ष प्रमोद यादव नेपाल मे बैकल्पिक के रूप मे खाडा भईल बतावले बानी । धुरहा गाविस के पूर्वअध्यक्ष राजेन्द्र सिंह निर्वाचन क्षेत्र २ के समुदाय अधिक पिछडल बा जेकर विकास के खातिर ध्यान देवेला जोड देहनी । धुराहा गाविस के पूर्व अध्यक्ष राजेन्द्र सिंह के मन्त्री यादव दोसला ओढा के समान कईले रहनी । नेपाल समाजवादी पार्टी के जिल्ला कमिटी के आयोजना मे भईल पार्टी प्रवेश कार्जक्रम मे दुसर पार्टी छोड के सयो के संख्या मे प्रवेश कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।