पत्रकार महासंघ पर्सा के सचिव खड्का मातृ शोक मे

वीरगंज ११ सावन

नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के सचिव युवराज खड्का के मातृ शोक पडल बा ।

प्रदेश नं. १ खोटाङ्ग जिल्ला दिप्रुङ गाँवपालिका वार्ड नं. ६ दिऊँ स्थायी घर भईल सचिव खड्का के ८३ बरीस के ममतामयी माई वशुंधरा खड्का के आजु निधन भईल बा ।

बितल दु हप्ता से अनेकन बेमारी से पिडित माई के आजु दिनके करिब १२ बजे के बाद मृत्यु भईल खड्का परिवार जनवले बा ।

लम्हर समय से खड्का वीरगंज मे रहके स्थानिय करिब आधा दर्जन मिडियासब मे आबद्ध होके पत्रकारिता करत आईल बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।