बारा उधोग वाणिज्य संघ के चुनाव के मतगणना सम्पन्न

प्रभु यादव

बारा ०१ पुस,

बारा उधोग वाणिज्य संघ के भईल चार पद के मतगणना वाद परिणाम बाहर आईल बा ।

उपाध्यक्ष पद मे प्रदिप कुमार साह दु सय ७१ भोट लिया के विजयी भईल बानी । उनकर प्रतिस्पर्धी नवलकिशोर साह एक सय ५६ भोट लियाईल रहनी । ओईसही महासचिव मे रामअषिश साह कानु दु सय ३५ भोट लिया के विजयी भईल बानी उनकर प्रतिसपर्धी योगेन्द्र दास दु सय २९ भोट लियाईल रहनी ।

कोषाध्यक्ष पद मे अजय कुमार बुढा दु सय ३७ भोट लिया के विजयी भईल बानी ओईसही उनकर प्रतिद्वन्द्वी सुरेश साह तेलि दु सय २१ भोट लिआईल रहनी । सचिव पद मे शिवजी प्रसाद यादव दु सय ३५ भोट लिया के विजयी भईल बानी आ उनकर प्रतिद्वन्द्वी शशिभुशण केशरी एक सय ६७ भोट लिआईल रहनी ।

निर्वाचन मे पाँच सय ८५ भोटर मे से चार सय ८० जने भोट देहले रहनी कहके निर्वाचन अधिकृत प्रमहंस केसरी जनकारी करावले बानी । अध्यक्ष लगायत अउरी पद मे सर्वसहमती से पहिलही चयन भईल अधिकृत केसरी जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।