तस्करी के पाडा पकडे खातिर रौतहट मे १५ राउण्ड हवाइ फायर

रौतहट २९ सावन
भारत से तस्करी करके अवैध रुप मे लिया रहल पाडा भईंस नियन्त्रण मे लेवे खातिर पुलीस रौतहट मे हवाइ फायर कईले बा ।
भारतीय सीमा जुडल रौतहट के राजपुर नगरपालिका के कुडिया बजार मे चोर रास्ता से लियावल ५८ गो पाडा भईस नियन्त्रण मे लेवे गईल नेपाल पुलीस आ स्थानीय बीच झडप भईल बा ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के प्रहरी उपरीक्षक रविराज खड्का के मुताविक पुलीस नियन्त्रण मे लेके भन्सार कार्यालय मे बुझाई कहके जानकारी मिलला के बाद स्थानीय अवरोध कईले बाडन ।
स्थानीय वासिन्दा आ भईंस व्यापारी पुलीस के काम मे अवरोध करत ईटापथल कईला के बाद स्थिति नियन्त्रण मे लेवे खातिर ८ सेल अश्रुग्यास आ १५ राउण्ड हवाइ फायर कईल खड्का जानकारी देहनी । स्था
सँगे के झडप भईला पर तस्कर समूह पाडा भईस भगावत दोसर जगहा लेगईल आ पुलीस से मिले ना सकल उ बतवनी ।
सीमा नाका मे कडाइ कईल समय रौतहट मे तस्कर समुह भारत से अवैध रुप मे पाडा भईस लगायत अनेकन सामान के निर्वाध तस्करी कर रहल बाडन ।





