कृष्ण जन्मअषठमी के अवसर पर कार्यक्रम के बिजेता लोग के पुरुस्कार बितरण

प्रभु यादव
बारा २९ साउन
कृष्ण जन्मअष्ठमी के अवसर पर आयोजना कईल गईल जन्म उत्सव कार्यक्रम के बिजेता भईल स्रोता लोग के एक कार्यक्रम के बिच पुरस्कार बितरण कईल गईल ।
कृष्ण भगवान के ५२४७ औं जन्म उत्सव के उपलक्ष्य मे गोपाल सेवा समिति बारा शाखा , राधे सप्लार्यस कलैया , श्रीराम फर्टिलाईजर एण्ड केमिकल्स नया दिल्ली के उत्पादित वितरक नेपाल एग्रोकेम सप्लार्यस वीरगंज, नेपाल सिड सेन्टर कलैया, सरोज एग्रो ईनटरप्राईजेज एण्ड सप्लार्यस सिनेमा रोड कलैया, भोजपुरी टाइम्स दैनिक के प्रयोज मे कार्यक्रम सम्पन्न भईल रहल ।
बर्षात एफएम १०७. ५ मेगा हर्ज कलैया के आयोजना मे जन्म उत्सव कार्यक्रम रेडियो मे सञ्चालन कईल गईल रहल ।
बर्षात एफएम के प्रवन्ध निर्देशक सिकेन्द्र पासवना के अध्यक्षता आ गोपाल सेवा समिति के बारा अध्यक्ष जंगबहादुर यादव के प्रमुख आतिथ्य मे पुरुस्कार बितरण कार्य सम्पन्न भईल ।
प्रथम पुरस्कार कलैया की सिम्पल सर्राफ, दोस्रो कलैया की प्रतिमा कुमारी साह, तेस्रो अमवाटोला के बिबेक यादव के क्रमश जग, चार्जर, भिते घडी प्रमुख अतिथी यादव आ प्रबन्धक निर्देशक पासवान संयुक्त रुप मे प्रदान कईले रहनी ।
कार्यक्रम के संचालन एफएम के समाचार वाचिका साबित्री शर्मा आ उत्सव कार्यक्रम के पुरुस्कार छनौट समिति के संयोजक प्रभु यादव उदेश्य बारे जानकारी देहले रहनी ।
बाकी ८ जने बिजेता गुलाव चौधरी, सुनिता चौधरी, राज केडी, रोमाच्क चौधरी, संजय चौधरी, मिस्टर जलिल हवारी, अनोखी साह, अन्जु चौधरी भोजपुरी टाइम्स दैनिक के कार्यकारी सम्पादक श्रवण साह, सरोज एग्रो के संचालक सरोज साह, नेपाल एग्रोकेम के प्रतिनिधिी पवन कुमार यादव, यूवा जनशक्ति समाज नेपाल के सचिव जायेद हुसेन, एफएमकी समाचार बाचिका सृजा थापा, उत्सव कार्यक्रम के प्रस्तोता लोग संगिता विश्वकर्मा, प्रियका सर्राफ, सन्तोष यादव, रमानन्द यादव,रमेश साह लगायत के लोग पुरुस्कार बितरण कईले रहलन ।
कृष्णअष्ठी के दिन दोपहरीया के १२ बजे से १२ बजे रात तक कृष्ण उत्सव कार्यक्रम संचालन कईल गईल रहल ।
आयोजित कार्यक्रम के सम्बोधन करत प्रमुख अतिथी यादव लक डाउन अवधी मे बर्षात मिडिया प्रालि कृष्णअष्ठी के दिन भगवान कृष्ण के चर्चा परिचर्चा कर के जिल्ला बासी सब मे भगवान प्रति सर्मिप होखे खातिर कईल गईल अभियान बहुते सराहनिय काम भईल धन्यवाद समेत देहनी ।
एफएफ द्धारा समाचार , मनोरंजन, लगायत अन्य समाजिक कुरिती के बिरोध के कार्यक्रम संचालन कईल गईल प्रभावकारी काम भईल प्रतिक्रिया देहनी ।






