वीरगंज मे कोरोना परीक्षण के रिपोर्ट मोबाइल मे एसएमएस मार्फत मिली

वीरगंज ०१ भादो

वीरगंज मे एक घण्टा मे कोरोना परीक्षण रिपोर्ट देवे सकेके प्रविधि से कोरोना परीक्षण सुरु भईल बा । एक्सपर्ट एक्सप्रेस सार्स कोभिड–२ परीक्षण वीरगंज मे सुरु कईल बा ।

नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. मदन उपाध्याय के मुताविक जीन एक्सपर्ट प्रविधि से स्वाब परीक्षण कईला पर कोरोना संक्रमण भईल ना भईल जानकारी एक घण्टा मे देहल जा सकता ।

विश्व स्वास्थ्य संगठन से मान्यता प्राप्त ई प्रविधि भी बढिया बा । जीन एक्सपर्ट प्रविधि से एक हप्ता पहिले से हि कोरोना परीक्षण हो रहल उ बतवनी ।

माकिर ई विधि से सभी के खातिर परीक्षण सम्भव नइखे । सामान्य अवस्था मे नर्मल आरटी पीसीआर हि कईल जाई ।

‘रिएजेन्ट महंगा बा, वीरगंज मे तीन सय किट मात्र आईल बा । सभी के खातिर ई ना कईल जा सकता ।

आकस्मिक अवस्था के खातिर एकर प्रयोग कईल जा रहल बा,’ डा. उपाध्याय कहनी कि, ‘सघन ईलाज कक्ष मे ईलाज करा रहल, गम्भीर अवस्था के मरेजी तथा मृत्यु भइल डेडबडी व्यवस्थापन के खातिर एकर प्रयोग हो रहल बा ।’

वीरगंज मे ईलाज के समय मे मृत्यु भईल रौतहट के युवक के भी उहे प्रविधि से कोरोना परीक्षण कईल उ बतवनी ।

रिपोर्ट के जानकारी एसएमएस मार्फत
संक्रमित के संख्या बढत गईला के बाद नारायणी अस्पताल के पीसीआर प्रयोगशाला से रिपोर्ट के बारे मे समय मे जानकारी देवे ना सकल सिकाईत आ रहल बा ।

पोजेटिभ रिपोर्ट के जानकारी स्वास्थ्य कार्यायलय भा जिल्ला प्रहरी कार्यालय से गठन कईल कोभिड टाक्स फोर्स से देत आईल बा ।
नेगेटिभ रिपोर्ट के जानकारी लेवे खातिर सर्वसाधरण के समस्या हो रहल बा ।

माकिर अब उलोग के कोरोना परीक्षण रिपोर्ट के बारे मे जानकारी मोबाइल मे एसएमएस मार्फत जाएके अस्पताल जनवले बा ।

३१ गते तक के रिपोर्ट सिस्टम मे इन्ट्री कईल जा रहल बा । आदमी सही मोबाइल नम्बर देहले बाडन त नेगेटिभ रिपोर्ट के जानकारी मोबाइल मे एसएमएस मार्फत जाई ।

पोजेटिभ रिपोर्ट आईल अर्थात कोरोना संक्रमण पुष्टि भईललोग के पुराने प्रक्रिया से जानकारी करावल जाई ।

मेडिकल सुपरीटेन्डेन्ड डा. उपाध्याय के मुताविक कउनो प्राविधिक समस्या ना अईला पर भादो १ गते सोमार से रिपोर्ट के जानकारी एसएमएस से पठावेके तईयारी हो चुकल बा ।

‘टेस्ट ट्राइल कईल जा चुकल बा, सावन ३२ गते के रिपोर्ट के जानकारी अब मोबाइल मे एसएमएस मार्फत जाई,’ कहत उ, ‘ओकरा से सर्वसारधण रिपोर्ट लेवे खातिर भोगेके पडल समस्या समाधान होखेके विश्वास लेहल गईल बा ।’

७२ घण्टा भितर रिपोर्ट के कपी कलेक्सन करे सकेवाला किसिम से व्यवस्था कईल दाबी उ कइनी ।

एकरा खातिर २५ सय रोपेया बार्षिक आ हरेक एसएमएस के दु रोपेया खर्च लागेवाला किसिम से सम्झौता भईल बा ।

राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला मे काम कईल प्राविधिक कम्पनी से हि नारायणी मे भी काम कईले बा ।

४ करोड के क्रिटिकल केयर सामान
नारायाणी अस्पताल के खातिर स्वास्थ्य मन्त्रालय क्रिटिकल केयर के सामान पठवले बा । करिब ४ करोड मूल्य बराबर के क्रिटिकल केयर के सामान आईल अस्पताल जनवले बा ।

दु दिन पहिले डिजिटल एक्स–रे, एक्स–रे, इन्फ्युजन पम्प, सिरिन्ज पम्प, डायलायसिस मेसिन, अल्ट्रा साउन्ड मेसिन, प्यासेन्ट मनिटर, पल्स अक्सिमिटर लगायत क्रिटिकल केयर के सामान अस्पताल मे आईल डा. उपाध्याय जानकारी देहनी ।

फुहर राखेवाला बडका बडका ड्रम भी अस्पताल मे आईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।