वीरगंज मे कोरोनामुक्त होके २० जने घर गईलें

वीरगंज ०६ भादो
वीरगंज स्थित होटल रानीपोखरी सेमी–आइसोलेसन सेन्टर से २० जने कोरोनामुक्त होके डिस्चार्ज भईल बाडन । पिछिलका पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट नेगेटिभ अईला के बाद उलोग के डिस्चार्ज कईल बा ।
होटल रानीपोखरी मे चिकित्सकीय परामर्श सुविधासहित लक्षण ना भईल ५२ जने संक्रमित के राखल गईला मे २० जने डिस्चार्ज भईल आइसोलेसन के व्यवस्थापक दिलिपराज कार्की जानकारी देहनी ।
वीरगंज–२५ सिर्सिया रहेवाला ४६, ५८, ६०, ४८, ५०, ४२, ३६, ५०, ५५ आ ७२ बरीस के पुरुष डिस्चार्ज भईल बाडन । वीरगंज नगवा रहेवाला २५ आ २६ बरीस के युवक, वीरगंज प्रगतीनगर रहेवाला २४ बरीस के जनानी आ ५५ बरीस के पुरुष भी कोरोना जितल बाडन ।
एहितरे वीरगंज छपकैया रहेवाला ४७ बरीस के पुरुष, रामगढवा के १६ बरीस के पुरुष, श्रीपुर के ६० बरीस के पुरुष आ २३ बरीस के युवक तथा पावरहाउस रहेवाला १९ बरीस के युवक आ वीरगंज–१३ के २३ बरीस के युवक भी कोरोना जितले बाडन ।
१४ दिन रानीपोखरी आइसोलेसन मे रहल रामचन्द्र मिश्र समय–समय मे नास्ता, खाना मिलल, पानी के प्रबन्ध भी बढिया भईल प्रतिक्रिया देहनी ।
चुली मिश्र कोरोनामुक्त होके घर जाएके मिलला पर बहुते खुशी लागल बतवनी ।
कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद उ भी १४ दिन आइसोलेसन रहके कोरोनामुक्त होके घर फिर्ता गईल बाडन ।
एकरा से पहिले पर्सा मे ७२ जने जनानी सहित ३ सय ४५ जने कोरोनामुक्त होके घर गईल रहलन ।






