डा. चौरसिया आ डा. सहाबुदिन समाज सेवा मे अगाडि बढले

वीरगंज २० कातिक,

वीरगंज मे अलपत्र पडल एक जनानी के उद्दार कईल बा । जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के टोली वीरगंज के सडक किनार मे लावारिस अवस्था मे रहल करिब ५० बरीस के जनानी के उद्धार करके बुध के दिने नारायणी अस्पताल मे पुगवले रहे ।

पुलीस टोली नारायणी अस्पताल मे पुगईला के बाद अस्पताल के ईमरजेन्सी वार्ड के डा. महमद सहाबुदिन आ डा. दिपक चौरसिया लगायत के स्वास्थ्यकर्मीलोग ईलाज सुरु कईले बाडन ।

उ जनानी के नाम, ठेगाना समाचार तइयार करे तक खुले ना सकल अस्पताल स्रोत जनवले बा । उ जनानी के नारायणी अस्पताल मे ईलाज के खातिर भर्ना कईल बा । सडक किनारा मे रहत अईला से लम्हर समय से भुखे रहल, देहभर घाव, फुसरी निकलल आ आउर ईलाज के समय मे समस्यासब पत्ता लगाके ईलाज करेके डा. सहाबुदिन बतवनी ।

डा. चौरसिया आ सहाबुदिन आपन निजि खर्च से उ जनानी के बुध से नारायणी अस्पताल मे राख के ईलाज कर रहल डा. चौरसिया बतवनी ।

डा. चौरसिया के मुताविक उ जनानी के बुध के रात स्वास्थ्य अवस्था गम्भिर भईला पर भी बियफे के सबेरे से स्थास्थ्य मे सुधार आईल बतवनी ।

अभी वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल मे कार्यरत्त डाक्टरलोग सामाजिक काम मे अगाडि बढल देखल गईल बा ।

बितल कुछ हप्ता पहिले भी एक अलपत्र अवस्था मे रहल पुरुष के डा. चौरसिया के पहल मो अस्पताल पुगाके ईलाज कईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।