नेपाल आवे लागल साल्ट ट्रेडिङ से किनल युरिया खाद

काठमाण्डु १० भादो

साल्ट ट्रेडिङ कर्पोरेसन से किनल यूरिया खाद नेपाल आवे लागल बा । पिछिलका तीन दिन मे वीरगंज आ विराटनगर नाका होके तीन हजार सात टन यूरिया मल नेपाल आईल साल्ट ट्रेडिङ जनवले बा ।

मंगर के सँझिया वीरगंज मे रेल मार्फत एक ¥याक २५ सय टन आ विराटनगर मे तीन दिन से ट्रकमार्फत ५०७ टन यूरिया खाद आईल कर्पोरेसन के सूचना अधिकारी कुमार राज भण्डारी जानकारी देहनी ।

कर्पोरेसन से नेपाल लियाववे के जिम्मा मिलल ३२ हजार टन मेसे तीन हजार टन खाद नेपाल आईल बा । कलकत्ता बन्दरगाह आके रुकल बाँकी २९ हजार टन खाद नेपाल आवेमे अभी भी तीन हप्ता समय लागेके कर्पोरेसन जनवले बा ।

दु हजार पाँच सय टन के कार्गो ¥याक लोड होचुकल आ शुक तक वीरगंज आवेके साल्ट ट्रेडिङ जनवले बा । विराटनगर से हरेक दिन ट्रकमार्फत खाद लियाके राखल कर्पोरेसन जनवले बा ।

पिछिलका आर्थिक बरीस के बजेट मार्फत दुवई के मल्टी कमोडीटी प्रालि २१ हजार ५०० टन आ जोशीवीद् कम्पनी ११ हजार ५ सय टन यूरिया खाद नेपाल लियावे के जिम्मा मिलल रहे ।

कोभिड के चलते किनल खाद के सिपिङ करे ना सकल तथा कलकत्ता बन्दरगाह बन्द भईला पर आईल खाद समय मे नेपाल लियावे ना सकल साल्ट ट्रेडिङ दाबी कईले बा ।

नेपाल आईल खाद वितरण सुरु भइल कर्पोरेसन जनवले बा । विराटनगर से आईल खाद कृषि मन्त्रालय सँगे के समन्वय मे राजविराज, लाहान से झापा तक वितरण के खातिर खाद पठावल गईल साल्ट ट्रेडिङ जनवले बा ।

वीरगंज से आईल खाद तराई आ पहाड के जिल्ला मे मिला के वितरण करेके कृषि मन्त्रालय जनवले बा ।
कृषि सामाग्री कम्पनी लिमिटेड से लियावे खातिर खरिद प्रक्रिया सुरु कईल खाद अभी भी कलकत्ता बन्दरगाह आवेके क्रम मे रहल कम्पनी जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।