वीरगंज के ग्रिनजोन बनावे खातिर मेयर सरावगी आ सरोकारवाला बीच छलफल

वीरगंज १० भादो

वीरगंज महानगरपालिका के नगरप्रमुख विजय कुमार सरावगी आ नागरिक सरोकार समाज वीरगंज बीच भर्चुवल छलफल पुरा भईल बा ।

आजु मिट एपमार्फत भईल भर्चुवल छलफल मे कोरोना महामारी के पराजित करे खातिर सभी मिल के अगाडी बढला के विकल्प ना रहल नागरिक सरोकार समाज के अगुवालोग बतवले रहलन ।

उलोग अभी संकट के अवस्था मे भी राजनीतिक द्वेष आ व्यक्तिगत रिसिवि से उपर उठके सभी जिल्लावासी के हित के बारे मे सोंचल जरुरी रहल निष्कर्ष निकलले रहे ।

वक्तालोग कर्मचारी व्यवस्थान से मृतक सङ्क्रमितलोग के लास व्यवस्थापन मे देखल गईल समस्या के बारे मे भी नगरप्रमुख सरावगी के जानकारी करावल रहे । उलोग निषेधाज्ञा के मोडालिटी के बदलत बजार के क्रमस जरुरत के आधार मे सहज बनावत जाएके सल्लहा भी देहले रहलन ।

एहितरे छलफल मे खुल्ला सिमाना से अभी भी आवत जावत के क्रम ना रुकल विषय के सभी से गम्भीरता के साथ् उठावत समस्या के समाधान करे खातिर सभी स्थानीय प्रशासन, जिल्ला के सभी स्थानीय तह आ आउर सरोकारवाला निकाय के एगो साझा मञ्च निर्माण करके काम बाँडफाँड करे खातिर सुझाव देहले रहलन ।

छलफल के सुरुवात मे नागरिक सरोकार समाज अभी तक कईल गतिविधि के बारे मे लेखक एवम् उद्योगी गणेश लाठ प्रकाश परले रहलन ।

छलफल के समय मे प्लाज्मा थेरापी से वीरगंज मे भी जलदी से जलदी कोरोना सङ्क्रमितलोग ईलाज सुरु करावेके पहल करे खातिर नगरप्रमुख सरावगी के निहोरा कईले रहलन ।

जिल्ला के प्रतिष्ठित राजनीतिज्ञ, व्याक्तित्व, व्यवसायी, उद्योगी, सामाजिक अभियन्ता आ सञ्चारकर्मी लगायत सहभागी रहल छलफल वीरगंज के नगरप्रमुख सरावगी खुद सङ्क्रमित भईल समय मे भी जिल्ला मे हो रहल सभी गतिबिधिसब के बारे मे खुद जानकारी लेहल बतवले बानी ।

उ आपन अनुपस्थिति मे कोरोना भाइरस महामारी के चलते जिल्ला आ खासकरके वीरगंज मे उत्पन्न समस्यासब के समधान के खातिर अनेकन कदम चालेके योजनासब रहल जानकारी देहले बाडन ।

सरावगी सबसे पहिले एक घर एक पिसिआर अभियान फेनु सञ्चालन करेके बतवनी । उ पिसिआर परिक्षण के दायरा बढावे के साथे आइसोलेशन सेन्टरसब थपेके योजना भी बनावल जानकारी देहनी ।

‘हमनी के अभी भी पहिलका प्राथमिकता एक घर एक पिसिआर परिक्षण रहल बा, ओकरा बाद हमनी बेसी से बेसी आइसोलेशन सेन्टरसब के व्यवस्थापन ओरी लागल बानी आ ओकरा खातिर जरुरी काम भी हो रहल बा,’ नगरप्रमुख सरावगी कहनी कि, ‘अभी हमनी आशाराम अस्पताल मे ६० शय्या के आ बाबा होटल मे २ सय शय्या के आइसोलेशन सेन्टर थपत बानी ।

ओकरा बाद अनेकन निजि विद्यालय आ कलेजसब से भी आइसोलेशन स्थापना के खातिर हमनी छलफल अगाडी बढवले बानी ।

’ वीरगंज मे पहिलका बेर गम्भीर किसिम के मरेजीलोग के ईलाज के खातिर आइसीयु एम्बुलेन्स के व्यवस्थापन कईल बतवनी ।

नगरप्रमुख सरावगी महानगर के ओरी से राहत बाँटे खातिर एक हजार थान खाद्यान्न सामान भी तइयार कईल जानाकरी देहनी ।

जरुरी पडला पर महानगर के सभी विकास बजेट भी कोभिड व्यवस्थापन मे प्रयोग करेवाला किसिम से खुदे कार्यपालिका सदस्यलोग से छलफल अगाडी बढावल बतवनी ।

सामाजिक अभियन्ता ओमप्रकाश सर्राफ के संयोजन मे भईल छलफल मे प्रदेश सभा सदस्य ओमप्रकाश शर्मा, जनता समाजवादी पार्टी के नेता राजेशमान सिंह, वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के वरिष्ठ उपाध्यक्ष सुबोध गुप्ता, महासचिव माधव राजपाल, पुर्व अध्यक्षद्वय गणेश लाठ आ अशोक टेमानी, स्वास्थ्य मन्त्रालय के कोभिड नियन्त्रण समिति के सदस्य संजय खेतान, महानगर के सञ्चार संयोजक गोविन्द देवकोटा, वरिष्ठ सञ्चारकर्मी महेश दास, सामाजिक अभियन्ता प्रकाश थारु, वृजेश्वर चौधरी, वीरगंज युवा समाज के अध्यक्ष कमल चौगाई, संस्कृती के सह–संस्थापक एवम् उपाध्यक्ष आशुकुमार सर्राफ लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।