गरुडा के डीएसपी महतो प्रदेश कार्यालय मे तनईलें
रौतहट १३ भादो
कर्तव्य ज्यान मुद्दा मे पकडाईल विजय राम के मृत्यु भईला के बाद इलाका प्रहरी कार्यालय गरुडा के प्रहरी नायब उपरिक्षक प्रदेश प्रहरी कार्यालय मे तानाईल बाडन ।
गरुडा नगरपालिका–८ जिगंडवा के २० बरीस के निरंजन राम के घेंट रेत के हत्या कईल अभियोग मे पुलीस विजय के सावन ३२ गते पकडले रहे ।
पुलीस हिरासत मे रहल ईलाज के समय मे वीरगंज मे मृत्यु भईल बा ।
१९ बरीस के विजय देह भर चिन्हा आ घावचोट मिलला के बाद स्थानीय पुलीस के पिटपाट के चलते मृत्यु भईल दाबी करत आईल बाडन ।
गरुडा के डीएसपी ज्ञानकुमार महतो के निलम्बन करके घटना के छानविन करेके उलोग के माग रहे ।
डीएसपी महतो के प्रदेश प्रहरी कार्यालय मे तानल गईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी इन्द्रदेव यादव बतवनी ।
‘महतो के जगहा मे तत्काल के खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के डीएसपी भरत श्रेष्ठ के गरुडा पठावल गईल बा” उ कहनी ।
घटना के अनुसन्धान के खातिर गृह मन्त्रालय उपसचिव के संजोजकत्व मे तीन सदस्यीय छानबिन समिति बनवले बा ।
समिति मे प्रदेश प्रहरी कार्यालय के उपरिक्षक आ रौतहट के अनुसन्धान कार्यालय के उपरिक्षक सदस्य बाडन ।





