कोरोना से वीरगंज मे रौतहट के एक जने के मृत्यु

वीरगंज १४ भादो
वीरगंज के कोभिड अस्पताल मे आउर एक जने कोरोना संक्रमित के मृत्यु भईल बा ।
वीरगंज के गण्डक अस्थायी कोभिड अस्पताल मे एतवार के सबेरे रौतटह के राजपुर तुलसी के ४० बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल बा ।
मधुमेह के रोगी उनका के कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद भादो १२ गते वीरगंज स्थित गण्डक अस्थायी कोभिड अस्पताल मे लिया के भर्ना कईल रहे । को
अस्पताल मे ईलाज के समय मे उनकर एतवार के सबेरे पौने ८ बजे मृत्यु भईल नारायणी अस्पताल के चिकित्सक डाक्टर अतुलेश चौरसिया जानकारी देहनी ।
एकरा से पहिले शनिचर के सँझिया भी वीरगंज हेल्थ केयर अस्थायी कोभिड अस्पताल मे रौतहट के गम्हरीया–३ के संक्रमित ३० बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल रहे ।
वीरगंज मे कोरोना के चलते मृत्यु होखेवाला के संख्या ५० पुगल बा । सावन एने मात्र ४६ जने के मृत्यु भईल बा । वीरगंज मे अभी तक कोरोना के चलते मृत्यु भईल ५० जने मेसे १ बेवारिसे युवक सहित पर्सा के ३६ जने, बारा के १० जने आ रौतहट के ४ जने रहल बाडन ।






