कोरोना संक्रमण से महोत्तरी के ४ बरीस के लइकी के मृत्यु

जनकपुरधाम १५ भादो

महोत्तरी के मनरा सिस्वा नगरपालिका के ४ बरीस के लइकी के कोरोना संक्रमण के चलते मृत्यु भईल बा ।

बेसी बोखार आ साँस लेवेमे समस्या भईला के बाद लइकी के तीन हप्ता पहिले धरान के बीपी कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान मे ईलाज के खातिर लेगईल रहे ।

बितल २३ सावन मे ईलाज के समय मे उनकर स्वाब संकलन करके परीक्षण कईला पर कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

उनका के आइसोलेसन मे राख के ईलाज करेके समय मे भादो १४ गते एतवार के दिन के मृत्यु भईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी कृष्णबहादुर कटुवाल जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।