जनकपुर के मणिपाल मेडिकल कलेज के भवन मे आइसोलेसन बनावल जाई

जनकपुरधाम १९ भादो

प्रदेश २ सरकार जनकपुरधाम स्थित मणिपाल मेडिकल कलेज के भवन के आइसोलेसन केन्द्र बनावेके निर्णय कईले बा ।

शुक के दिने बईठल प्रदेश संकट व्यवस्थापन केन्द्र के बईठक से कोरोना संक्रमित के ईलाज मे प्रयोग करेके निर्णय कईले बा । जनकपुर मे कोभिड विशेष अस्पताल ना भईला से संक्रमित के ईलाज मे समस्या होत आईल रहे ।

भारतीय के लगानी मे जनकपुरधाम उपमहानगरपालिका– १४ मुजेलिया स्थित दु दशक पहिले निर्माण शुरु कईल मेडिकल कलेज के भवन निर्माण भईला पर भी सञ्चालन मे आवे सकल नइखे ।

भारत के शैक्षिक संस्था मणिपाल टेक्निकल इन्स्टिच्युट नेपाल सरकार से मान्यता लेके २०५१ साल मे चिकित्सा शिक्षण अस्पताल स्थापना करेके कहत गुठी संस्थान जनकपुर से लिज मे १७ विगहा जमिन लेके भवन निर्माण कईले रहे ।इहे भवन के प्रदेश सरकार आइसोलेसन के खातिर प्रयोग करे लागल बा ।

१० करोड थपेके निर्णय
शुक के संकट व्यवस्थापन केन्द्र के बईठक से कोेरोना रोकथाम तथा नियन्त्रण कोष मे प्रदेश सरकार के ओरी से १० करोड रोपेया थप करेके निर्णय भी कईले बा ।

प्रदेश सरकार बितल चईत मे २५ करोड रोपेया के कोष स्थापना कईले रहे । रोपेया के जरुरत महसुस करके १० करोड रोपेया थप करेके निर्णय कईल मुख्यमन्त्री तथा मन्त्री परिषद् के कार्यालय जनवले बा ।

कोरोना के महामारी रोकथाम आ नियन्त्रण करे खातिर प्रदेश सरकार प्रयोगशाला आ अस्पताल व्यवस्थापन मे जोड देवेके निर्णय कईल आन्तरिक मामिला तथा कानूनमन्त्री ज्ञानेन्द्र कुमार यादव बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।