गरिब पासवान के दुःख कउनो जनप्रतिनिधि ना सुन रहल बाडन

प्रभु यादव
बारा २१ भादो
बारा के जितपुरसिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ७ के मोनरफा देवी पासवान आपन दुःख जनप्रतिनिधि ना सुलख सिकायत कईले बानी ।
जितपुर मे कार्यपालिका के कार्यालय से पच्छिम ओर नदि के लगे जमिन पर हमनी १० वरीस से पहिले से घर बना के रहल ठाव के अगाडि के एलानी जगह मे बलजफ्ती घर बनारहल रोकेला कहला पर जनप्रतिनिधि लोग ना न्याय दिलारहल पासवान सिकायत कईले बानी ।
आपना कवनो बालबचा ना भईल माकिर जमिन के नाम मे चार धुर जमिन रहल जवन बिमार भईल बखत बेच के लगादेहनी माकिर उ जमिन के अगाडि रहल एलानी जमिन पर घर ना बनावे देरहल जवना के वार्ड अध्यक्ष बलजफ्ती घर बनावे वाला के सहजोग कईला से हम पिडित भईल सिकायत कईले बानी ।
कउनो आदमी के घर ना भईल समय से ओजगह घर बना के अगाडि के जमिन जोगा के रखले रहनी माकिर आज जेकरा जमिन बा ओलोग के लगा के ऐलानी जमिन पर घर बनावे मे वार्ड अध्यक्ष स्वयं लागल बानी पासवान सिकायत कईले बानी ।
आपना केहु कतो ना भईला से उ जमिन पर मडई बना के रहम आ पाछे गाँव समाज केही काम आई जवना के वार्ड अध्यक्ष रामबाबु गुप्ता उमेश पासवान आ भुनेस पासवान के लगा के घर बनावे के काम मे सहजोग कईलन सिकायत कईली ।
उपमहानगरपालिका के न्यायी समिति मे उरूरी देहला पर ना लेवे के मानल तब कलैया जिल्ला प्रशासन मे देहले बानी न्याय मिलिकी ना मिलि रास्ता देख रहल पासवान जनकारी करावले बानी ।
वार्ड नम्बर ७ के पुर्व माओवादी के प्रत्यासी उमेदवार आ जनानी सामाजीक अभियन्ता मालती देवी गिरी करीब १० बरीस से ऐलानी जमिन के अगाडि घर बना के किशोरी पासवान आ उनकर पत्नी मोनरफा पासवान आईल रहल आपन जमिन बेचला वाद जमिन विहीन भईला पर अगाडि रहल जमिन पर घर बनावे खातिर तईयारी कईला के बाद भाईपटिदार के खडा कर के पक्की घर बनवा मे अध्यक्ष गुप्ता अगाडि बढके ऐलानी के कब्जा करवारहल आरोप लगावले बा ।
गरीब सुकुम्बासी के रहेवाला जमिन पर जाल झेल कर के दिपक गुप्ता के खडाकरा के घर वनवारहल ठिक ना भईल गिरी जनकारी करावले बाडी ।
जनप्रतिनिधि के स्थानिय स्तर मे रहल ऐलानी जमिन के रक्षा कर के बचावे के माकिर स्वयम् वार्ड अध्यक्ष गुप्ता घेरवा रहल सिकायत कईले बाडी ।
नेपाल सरकार से पक्की घर बनावेला नाप नक्शा करावा के घर बनावे के पडल जवना जगह बना रहल घर के ना रोक के जमिन समेत के छोड के सहजोग करहल जवना के घोर आपराध कईल गिरी जनकारी करावले बाडी ।
एलानी जमिन सब के संरक्षण करे के जगह कव्जा करवावे के काम करहल अध्यक्ष गुप्ता प्रति आर्थिक चलखेल मे पडके कर रहल समाज सोचरहल गिरी आरोप लगावले बाडी ।
जनानी समाज के समूह से सर्वजनिक जमिन के खालि राखे के आ आवेवाला दिन मे समाजिक काम मे आवेवाल विकास करे के खातिर ना काम कईला से देहल निवेदन उपर सुनवाई करेला काम होई कि ना निरासा छारहल जानकारी करावले बानी ।
स्थानिय गौरीशंकर राम करिब १० वरीस से किशोरी पासवान आपन जमिन पर घर बना के रहल रहलन माकिर जमिन के अगाडि रहल एलानी खुल्ला रहल रहे अब जनप्रतिनिधि लोग के ना देखला के कारण हपारहल जनकारी करावले बानी ।
जितपुरसिमरा उपमहानगरपालिका के उपमेयर सरस्वती चौधरी से पुछला से आपना जगह कोरोना के महामारी बढला कार्यालय ना खुल रहल बा निवेदन आई तब सुनवाई कईल जाई कहनी ।
वार्ड अध्यक्ष रामबाबु गुप्ता से न्यायीक समिति से आदेश आई त ओजगह घर बनावे के रोकल जाई कहनी ।
स्थानिय निकाय से घर बनावेवाला के प्रक्रिया पूरा कर के पक्की घर बनवावे के नियम रहल बा जवन घर के रोका ना कईले बाडन उ पालिका के करवाला काम हवे आदेश आईला वाद करे के पडी तब करे के कहनी गुप्ता ।






