९ वाँ दिन भी बीरगंज फुड बैक राहत बँटलख

वीरगंज ३१ भादो

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं १३ नयाँटोल के बहुते विपन्न परीवार के आजु अखिल नेपाल पिछडावर्ग (इद्यऋ) महासंघ पर्सा राहत बँटले बा ।

अखिल नेपाल पिछाडावर्ग महासंघ पर्सा आ वडा प्रहरी कार्यालय श्रीपुर के सहकार्य मे वार्ड नं १३ नयाँ टोल के २० परीवार के प्रतिव्यति १० किलो चाउर आ १ केजी दाल राहत बाँटल गईल बा ।

कोरोना महामारी से प्रभावित भईल परिवार के अखिल नेपाल पिछाडावर्ग पर्सा के सदस्यलोग आपन व्यतिगत खाजा खर्च से राहत बँटले बाडन ।

राहत बाँटेवाला कार्जक्रम मे वडा प्रहरी कार्यालय श्रीपुर के प्रहरी निरिक्षक दिपक साह, अखिल नेपाल पिछाडावर्ग महासंघ पर्सा के अध्यक्ष अकलेश साह, सहसचिव राजन साह, सदस्यलोग संदिप महतो, आकाश गुप्ता, नेकपा नेता कमरुल अन्सारी, कलिम अन्सारी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।