जनमत पार्टी के शुभकामना आदान प्रदान तथा पार्टी प्रवेश कार्जक्रम पुरा

­वीरगंज २५ कातिक

जनमत पार्टी के केन्द्रिय सदस्य अब्दुल खान बितल लम्हर समय से मधेसी दल मधेस आ मधेसी के नाम मे मत लेहला पर भी मधेसी के हक अधिकारके खातिर कुछो करे ना सकल आरोप लगवले बानी ।

जनमत पार्टी पर्साद्धारा हिन्दूलोग के महान चाड शुभ दिपावली तथा छठ पर्व के शुभकामना आदान प्रदान तथा पार्टी प्रवेश कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि भी रहल केन्द्रिय सदस्य खान दलित, जनजाति, मधेसी, पिछडल वर्ग के हक अधिकार जनमत पार्टी से मात्र दिलावे सकेके दाबी कईनी ।

रोयल पार्टी प्यालेस वीरगंज मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे पार्टी के संस्थापक सदस्य भी रहल खान अभी कोरोना महामारी के अवस्था रहला से स्वास्थ्य मापदण्ड के पालना करके चाडपर्वसब मनावे खातिर निहोरा कईले रहनी ।

पार्टी पर्सा के सह–ईन्चार्ज ई. राहुल रौनियार आ महिला संगठन के अध्यक्ष अनिता रौनियार के संयुक्त अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे पार्टी के केन्द्रिय सदस्य ओम प्रकाश साह, बारा जिल्ला सदस्य कारतिक देव पाण्डे, महिला संगठन के उपाध्यक्ष सबो खातुन, सदस्य नगमा खातुन, जगरनाथपुर गा.पा. कमिटी के अध्यक्ष चन्दन चौहान, पर्सागढी के वडा संयोजक राजेश चौरसिया, एहितरे निकेश महतो, रामनरेश पटेल, बिनय यादव, राजेश यादव लगायत के लोग शुभकामना मनतव्य रखले रहनी ।

उ अवसर मे अनेकन पार्टी छोड के ५६ जने जनमत पार्टी मे प्रवेश कईले रहलन । पार्टी प्रवेश करेवाला मे दिनेश राउत गद्दी, अहमद मिया धोबी, मनोज कुशवाहा, होस नारायण साह, रोशन कुमार पण्डित, संतोष साह, अमित ठाकुर, जमील अंसारी, दिपेन्द्र यादव, लक्ष्मी साह तेली, सैनुनेसा, जैबुनेसा, सैमुलनेसा, रेखा देवी दास, रिता देवी राम, रोहित कुमार, सुरज साह लगायत रहल बाडन ।

नवप्रवेशीलोग के पार्टी के केन्द्रिय सदस्य खान, जिल्ला सहईन्चार्ज रौनियार, महिला अध्यक्ष अनिता रौनियार लगायत के नेतालोग अबिर के टिका लगाके पार्टी प्रवेश करवले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।