डा केसी अनशन तुरनी, चिकित्सकलोग के आन्दोलन फिर्ता

काठमाण्डु, २५ कुवार

बितल २८ दिन से अनशनरत चिकित्सक प्राडा गोविन्द केसी सरकार सँगे के आठ बुँदे सहमति के बाद आजु सबेरे अनशन तुरले बानी ।

डा केसी के अनशनस्थल, त्रिवि शिक्षण अस्पताल मे एक सरसफाइ कर्मचारी जुस पिलाके अनशन तुरवले बानी ।

केसी बितल भादो १९ गते से जुम्ला से १९ वाँ अनशन शुरु कईल स्वास्थ्यस्थिति खराब होखे लागला के बाद सरकार काठमाण्डु लियवले रहे ।

बितल रात सरकारी वार्ता समिति आ डा केसीबीच आठ बुँदे सहमति भईल रहे ।

शिक्षा, विज्ञान तथा प्रविधि मन्त्रालय के सचिव एवम् वार्ताटोली के संंयोजक गोपी मैनाली आ डा केसी सहमति मे हस्ताक्षर कईले बानी ।

सरकार मेडिकल शिक्षा के खातिर अनेकन जगहा मे कलेज स्थापना करे लागल भी जानकारी करावत गेटा मेडिकल कलेज भवन आ अस्पताल भवन निर्माण पुरा भईल आ आउर पूर्वाधार निर्माण के काम अन्तिम चरण मे रहल जनावल गईल बा ।

एहितरे कर्णाली स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठानद्वारा एमबिबिएस कार्जक्रम सञ्चालन के खातिर चिकित्सा शिक्षा आयोग समक्ष स्वयम मूल्याङ्कन प्रतिवेदन पेश कईले बा ।

एहितरे हरेक प्रदेश मे सरकारी मेडिकल कलेज स्थापना के खातिर बर्दिवास, बुटवल आ सुर्खेत मे जमिन प्राप्ति आ गुरु योजना स्वीकृत होरहल, वातावरणीय प्रभाव मूल्याङ्कन स्वीकृत के अन्तिम चरण मे रहल बा आ अभी विस्तृत परियोजना प्रस्ताव सम्बन्धि काम सुरु भईल जनवले बा ।

एहितरे नेपाल चिकित्सक सङ्घ आन्दोलन के सभी कार्जक्रम फिर्ता लेहले बा ।

सङ्घ सरकार आ अनशनरत डा गोविन्द केसी के बीच बितल रात आठ बुँदे सहमति भईला के बाद आन्दोलन के कार्जक्रम फिर्ता लेहल जनावल गईल बा ।

सङ्घ आजु देशभर के स्वास्थ्य संस्था तथा अस्पताल के आकस्मिक आ कोभिड–१९ बाहेक के सभी सेवा बहिष्कार करेके कार्जक्रम तय कईले रहे ।

सङ्घ के महासचिव डा बद्री रिजाल आजु विज्ञप्ति जारी करत सरकार आ अनशनरत डा केसी पक्षबीच सहमति भईला के बाद आन्दोलन के सभी कार्जक्रम फिर्ता लेहल जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।