नारायणी मे कार्यरत चिकित्सक अशोक कुशवाहा के मृत्यु

वीरगंज १७ कातिक,
वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे कार्यरत एक चिकित्सक के मृत्यु भईल बा । अस्पताल के आकस्मिक विभाग मे कार्यरत ४३ बरीस के डाक्टर अशोक कुशवाहा के एतवार के दिन के मृत्यु भईल बा ।
मिर्गौला मे समस्या देखल गईला के बाद उनकर ६ महिना से डायलायसिस चलत रहे । टाइप–१ मधुमेह से भी पीडित उनका स्वास्थ्य मे समस्या अईला के बाद छुटी मे रहनी ।
एतवार के दिने स्वास्थ्य अवस्था आउर बिगडला के बाद ईलाज के खातिर नारायणी अस्पताल मे भर्ना कईल रहे ।
ईलाज के समय मे दिन के ३ बजे आइसियु मे उनकर मृत्यु भईल नारायणी अस्पताल के आकस्मिक विभाग प्रमुख डाक्टर उदय नारायण सिंह जानकारी देहनी ।
‘टाइप–वान मधुमेह के चलते देह मे चिनी के असन्तुलन होत रहे, ओकरा उपर मिर्गौला के समस्या देखल गईला के बाद छुटी मे रहनी,’ कहत डाक्टर सिंह, ‘अवस्था आउर बिगडला के बाद ईलाज के खातिर अस्पताल लियावल रहे ।
डायलायसिस करेके तईयारी होत रहे, ओतने मे हमनी के छोडेर चल गईनी ।’






