पुर्व राजा ज्ञानेन्द्र के जन्म जयन्ती बारा मे मनावल गईल

प्रभु यादव

बारा २३ असाढ,

बारा के कलैया मे आजु स्वतन्त्र नागरिक समाज पुर्व राजा ज्ञानेन्द्र शाह के ७४ वाँ जन्मजयन्ती के अवसर मे बिचार गोष्ठी करके मनवले बा । स्वतन्त्र नागरिक समाज के संयोजक वृजकिशोर साह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि अयोध्या प्रसाद कानु पुर्व राजा के सुख शान्ति, समृद्धि एवम मंगलमय के कामना करत भष्टाचार नियन्त्रण, महामारी के रोकथाम, सिमा समाधान, राजनितिक अस्थिरता के रोके खातिर देश मे राजा सहित के प्रजातन्त्र के बिकल्प ना रहल बतवले रहनी ।

कोरोना भाईरस रोकथाम के खातिर हिमानी ट्रष्ट द्धारा २ करोड रोपेया जनता के रक्षा के खातिर देश के माया भईला के चलते हि देहल आ जनता के रक्षा के खातिर राजा के जरुरत रहल उलोग के कहनाम रहे । कार्जक्रम मे गोपाल दास, उमेश ठाकुर, गंगालाल महतो, गणेश यादव, मुलचन पासवान, रामचन्द्र महतो, प्रभावती देवी चौहान, लक्ष्मी देवी, बिजयराज पाण्डेय लगायत के सहभागीता रहल  रहे

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।