सांसद यादव वीरगंज के ५ सामुदायिक विद्यालय के मास्क आ सेनिटाइजर देहनी

वीरगंज १९ कातिक
वीरगंज के पाँच गो सामुदायिक विद्यालय मे माक्स आ सेनिटाइजर बाँटल गईल बा । सांसद प्रदीप यादव वीरगंज महानगरपालिका के पाँच गो सामुदायिक विद्यालय मे मास्क आ सेनिटाइजर देहले बानी ।
सांसद यादव माईस्थान विधापीठ, सुन्दरमल राम कुमार कन्या मावि, त्रिजुद्ध उच्च मावि, नेपाल राष्ट्रिय मावि श्रीपुर आ त्रिभुवन हनुमान मावि मे उ स्वास्थ्य सामान बँटले बानी । पाँच गो विद्यालय मे ४ हजार थान मास्क आ आधा लिटर के ५÷५ बोतल सेनिटाइजर बाँटल गइल सांसद यादव जानकारी देहनी ।
“सामुदायिक विद्यालय आंशिक सञ्चालन मे आवे लागल बाडन । महामारी मे सुरक्षा सतर्कता अपनावल जरुरी बा,” कहत सांसद यादव, “सामुदायिक विद्यालय मे गरिब के बेटा बेटी पढे आवेलन, उलोग के हि लक्षित करके माक्स तथा सेनिटाईजर बाँटल सुरु कईले बानी ।”






