अनेकन पार्टी छोड के करिब दु सय जने जनमत पार्टी प्रवेश कईलें

बारा २० कातिक

बारा के कलैया स्थित एभरेष्ट लज मे आजु अनेकन पार्टी परित्याग करके जनमत पार्टी मे करिब दु सय जने प्रवेश कईले बाडन ।

अनेकन पार्टी परित्याग करके जनमत पार्टी मे प्रवेश करेवाला के लहर हि चलल बा ।

समाजबादी पार्टी के केन्द्रीय सदस्य भी रहल नेता रामबाबु साह, महागढीमाई न.पा ३–गंजभवानीपुर रहेवाला कैलाश ठाकुर, फेटा गा .पा माआवादी के ओरी से उपमेयर के प्रत्यासी रम्भा देवी साह, अवकाश प्राप्त कर्मचारी प्राध्यापक हरि प्रसाद पटेल, शिक्षक रामप्रसाद साह, मछरी मासु ब्यवसायी संघ कलैया अध्यक्ष भोला मिया, सिलाई संघ के अध्यक्ष रहमनसूर लगायत काग्रेस, नेकपा तथा समाजवादी पार्टी छोड के सयो जने जनमत पार्टी प्रवेश कईले बाडन ।

प्रमुख अतिथि जनमत पार्टी के संस्थापक सदस्य नेता अब्दुल खान आ जनमत पार्टी बारा के जिल्ला संयोजक सुरेश साह नवप्रवेशीलोग के अबिर के टिका आ फुल के माला पहिना के पार्टी प्रवेश करवले रहलन ।
कार्जक्रम मे जनमत पार्टी के केन्द्रिय सदस्य ओमप्रकाश साह, जिल्ला सदस्य कार्तिकदेव पाण्डे, प्रमान्द गुप्ता, राजु प्र साह लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

मकसुद मिया से स्वागत कईल कार्जक्रम के सञ्चालन बिजय गुप्ता कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।