धोबिनी आ जगरनाथपुर मे सडक नाटक

वीरगंज १० अगहन
लैङ्गिक हिंसा विरुद्ध के १६ दिने अभियान अन्तर्गत आजु दुसरका दिन पर्सा के धोबिनी आ जगरनाथपुर गाँवपालिका मे बाल वियाह आ लैङ्गिकता मे अधारित हिंसा सम्बन्धी सडक नाटक प्रस्तुत कईल बा ।
भिएसओ नेपाल आ दिव्य युवा क्लब के साझेदारी मे संचालित किशोरी शसक्तिकरण के खातिर शिक्षा कार्जक्रम अन्तर्गत संचालित लैङ्गिक हिंसा विरुद्ध के १६ दिवसीय अन्तर्राष्ट्रिय अभियान के दुसरका दिन सडक प्रस्तुत कईल परियोजना संयोजक गणेश ठकुरी बतवनी ।
“घर से सुरु करीं, जनानी हिंसा अन्त्य करीं” कहके मुल नारा के साथ महिला हिंसा विरुद्ध के अन्तर्राष्ट्रिय दिवस के अवसर मे बाल वियाह आ लैङ्गिकता मे अधारित हिंसा सम्बन्धी सडक नाटक पुरा भईल बा । समुदाय मे वालवियाह आ लैङ्गिक हिंसा के न्युनिकरण के खातिर अईसन कार्जक्रम से सहजोग पुगेके परियोजना संयोजक ठकुरी बतवनी ।
धोविनी गाँवपालिका वार्ड नं. ४ लंगडी मे आ जगरनाथपुर गाँवपालिका के वार्ड नं. ४ जगरनाथपुर करके दु जगहा मे भईल सडक नाटक मे किशोरी शसक्तिकरण के खातिर शिक्षा कार्जक्रम अन्तर्गत के ठुली दिदी आ सानी बहिनीलोग अभिनय कईले रहलन ।
सडक नाटक मे गाँवपालिका के प्रतिनिधि, बुद्धिजिवी, नागरिक समाज, शिक्षक, अनेकन संजाल के सदस्य लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






