प्रदेशीक अस्पताल बनावेला मुख्यमन्त्री कईनी जमिन अनुगमन 

प्रभु यादव

बारा १३ अगहन

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १६ झिटकैया मे प्रदेशिक अस्पताल वनावेला मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत गद्दी अनुगमन कईले बानी ।

अनुगमन के करम मे मुख्यमन्त्री गद्दी प्रदेश सरकार के सब से बडका गौरव के योजना रहल जनकारी करावले बानी ।

५० सश्या के अस्पताल आ सरूवा रोग परिक्षण प्रयोगशाला निर्माण होई मुख्यमन्त्री बतावले बानी ।

सात गो प्रदेश मे प्रदेशिक अस्पताल के शिलान्यास अगहन के १५ गते होखेवाला बा कहके जनकारी देहनी ।

एक करोड के लागत मे वनेवाला अस्पताल से तराई मधेश के जनता सब के काठमाडौं के टेकु जाएके झन्झट हटजाई मन्त्री जनकारी करावले बानी ।

स्थानिय सरकार के जमीन, प्रदेश सरकार के योजना लगानी आ संघिय सरकार के रकम से अस्पताल निर्माण होखेवाला बा ।

अनुगमन मे मुख्यमन्त्री संगे प्रतिनिधि सभा सदस्य रामसहाय यादव, रामबाबु यादव, प्रदेश २ के प्रदेश सभा सदस्य बच्चा राउत अहिर, पारस साह, ज्वला कुमारी साह, संविधान सभा सदस्य प्रमोद गुप्ता, कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर राजेश राय यादव, वार्ड अध्यक्ष शेसनाथ साह, लालबाबु यादव लगायत पार्टी के नेता आ कार्यकर्तालोग के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।