दुकान के सटर तुरके मोबाईल चोरी करेवाला पाँच जने पकडईलें

प्रभु यादव
बारा १६ माघ
दुकान के सटर तोड के मोबाइल चोरी करेवाला पाँच जने के बारा प्रहरी पकडले बा । पकडाईल लोग प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नं.१ प्रसौनी टोल के २४ बरीस के बिशाल मुखिया, २२ बरीस के बलिराम मुखिया, २० बरीस के राम मुखिया, २७ बरीस के पवन पटेल आ प्रसौनी गा.पा. वार्ड नं.४ खुटुवा टोल के २३ बरीस के रम्तुलाह अंसारी रहल प्रहरी प्रवक्ता राजेश थापा जनकारी करावले बानी ।
बारा के प्रसौनी गा.पा. वार्ड न.२ मे रहल शुभ श्री मोबाइल दुकान के सटर तोड के दुकान मे रहल बहुते कम्पनि के मोबाईल सब चोरी भईल शनिचर के दिन बिहनीया प्राप्त सूचना अनुसार चोरी मे संलग्न आदमी आ चोरी भईल मालसामान के खोजतलास करे के प्रहरी सुरू कईले रहल प्रवक्ता थापा जनकारी करावले बानी । रात के २ः ०० बजे के समय मे।भईल घटना के अनुसन्धान करे के क्रम मे प्रसौनी गा.पा.वार्ड न.१ मे बिशाल मुखिया समेत के संलग्नता रहल यकिन भईला पर घर के कोठा खानतलासी कईला पर दुकान से चोरी भईल मालसामान मुखिया सुतेवाला कोठा के भितर रहल खाट के निचे पिठपर बोकेवाला ३ गो झोला मे लुकाछिपा राखल अवस्था मे मिलल रहल रहे प्रहरी जनकारी करावले बा ।
मिलल झोला मे बहुते किसिम के नयाँ मोबाइल सेट ९४ थान, ब्याट्री, चार्जर, राउटर आ ओही घर के पहिलका तल्ला के कोठा मे रिपुराज लेखल चामल के बोरा मे राख के लुकाछिपा के राखल अवस्था मे अवैध लागू औषध गाँजा ६ किलो ग्राम समेत मिलल प्रहरी प्रवक्ता थापा जनकारी करावले बानी ।
चोरी कार्य मे संलग्न पकडाईल पाँचु जने लोग के डाँका चोरी मुद्दा मे बारा जिल्ला अदालत से पहिलका बेर दिन ५ के म्याद अनुमति लेके हिरासत मे राख के थप अनुसन्धान कार्य कईल जारहल बारा प्रहरी जनकारी करावले बानी । पकडाईल विशाल मुखिया, बलिराम मुखिया आ राम मुखिया तिनु जने भाइ रहल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।





